Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मनोज बाजपेयी के कोर्ट रूम ड्रामा ‘बंदा’ के दमदार पोस्टर भइल जारी, इंटेंस लुक में दिखलें एक्टर

ई फिलिम हिंदी फिलिमन में अपूर्व सिंह कार्की के सुरुआत जवना से दीपक किंगरानी द्वारा लिखल गइल बा। उनका में एगो शक्तिशाली कलाकार के झलक बा। बहुमुखी अभिनेता फिल्म के ब्लैक एंड व्हाइट पोस्टर में चश्मा पहिनले इंटेंस दिख रहल बाड़ेंं आ ई सब बहुते दिलचस्प बा।

4,047

तीन दशकन से बेसी के आपन सानदार यात्रा में कइयन गो दमदार किरदार निभवला के बाद मनोज बाजपेयी आपन आवे वाला फिलिम ‘बंदा’ से दर्शकन के प्रभावित करे खातिर तइयार बादें। हाले में ऊ एकर शूटिंग पूरा इले बाड़े।  अब पावर-पैक कोर्ट रूम ड्रामा के मेकर्स विनोद भानुशाली के भानुशाली स्टूडियोज लिमिटेड, जी स्टूडियोज आ सुपर्ण एस वर्मा एह फिलिम के दमदार पोस्टर लॉन्च कइले बा। जवना के टाइटल ‘बंदा’ बा। एह फिलिम में तीन बेर नेशनल अवॉर्ड जीत चुकल मनोज बाजपेयी लीड रोल में बाड़े।

इंटेंस लुक में नजर अइलें मनोज बाजपेयी

ई फिलिम हिंदी फिलिमन में अपूर्व सिंह कार्की के सुरुआत जवना से दीपक किंगरानी द्वारा लिखल गइल बा। उनका में एगो शक्तिशाली कलाकार के झलक बा। बहुमुखी अभिनेता फिल्म के ब्लैक एंड व्हाइट पोस्टर में चश्मा पहिनले इंटेंस दिख रहल बाड़ेंं आ ई सब बहुते दिलचस्प बा। फिलिम पहिलह दर्शकन के बीच जबरदस्त चरचा बटोरले बा। एकर शूटिंग जोधपुर आ मुंबई में कइल गइल बा आ एकरा 2023 में रिलीज होखला के उम्मीद बा।

मनोज बाजपेयी के मिलल रहे स्टैंडिंग ओवेशन

शूटिंग के आखिरी क्लोजिंग सीन के फिल्मावत घरी मनोज बाजपेयी के कलाकारन आ क्रू से स्टैंडिंग ओवेशन मिलल रहे, जवन एगो गहन कोर्टरूम सीक्वेंस रहे। एकरा बाद केक कटिंग के संगे फिलिम के शूटिंग के खत्म होखे के जश्न मनावल गइल आ जहां पूरा टीम एह बहुप्रतीक्षित फिलिम में कइल गइल काम खातिर आभार व्यक्त कइल। जी स्टूडियोज आ भानुशाली स्टूडियोज लिमिटेड के प्रस्तुति, अपूर्व सिंह कार्की द्वारा निर्देशित सुपर्ण एस वर्मा के कोर्ट रूम ड्रामा, ‘बंदा’ विनोद भानुशाली, कमलेश भानुशाली, आसिफ शेख आ विशाल गुरनानी द्वारा निर्मित आ जूही पारेख मेहता द्वारा सह-निर्मित बा।

भोंसले खातिर मिलल रहे राष्ट्रीय पुरस्कार

मनोज बाजपेयी अब तक कइयन यादगार किरदारन के परदा पर उतरले बाड़े। उनका पिछिला साल फिलिम भोंसले खातिर राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल रहे। जवना के बारे में ऊ कहले रहस कि, सांस कहीं तs हमरा पतो ना रहे कि अवार्ड घोषित होखे वाला बा। कोविड संक्रमित बानी। हम सुतल रहनी। सुत उठनी तs लोगन के मैसेज आ कॉल आइल सुरू भइल तs पता चलल अइसन कुछ भइल। फिलहाल हम एतनही कह सकत बानी कि ई सम्मान खाली हमरा ना बलुक हर ओह शख्स के हs, जे भोंसले फिलिम के सपोर्ट कइलस।

साभार: प्रभात खबर

403850cookie-checkमनोज बाजपेयी के कोर्ट रूम ड्रामा ‘बंदा’ के दमदार पोस्टर भइल जारी, इंटेंस लुक में दिखलें एक्टर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.