Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Breaking: मुंबई के बांद्रा रेलवे स्टेशन के प्लेटफॉर्म पs मचल भगदड़, कइयन लोगन के घायल होखे के खबर

45

मुबई के बांद्रा रेलवे स्टेशन पs टर्मिनस नव के प्लेटफॉर्म नंबर एक पs भगदड़ के खबर बा। स्टेशन पs भारी भीड़ के वजह से भगदड़ भइल एह भगदड़ में कइयन लोग घायल बा। जेकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा।

घटना देर रात के हs। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, त्योहारन पs घरे जाये खातिर रेलवे स्टेशन पs भारी भीड़ रहे। जइसही रात करीब दु बजे बांद्रा रेलवे स्टेशन पs बांद्रा-गोरखपुर एक्सप्रेस ट्रेन आइल तs ओमे चढ़े खातिर धक्का-मुक्की सुरू हो गइल। एह पs उहां मवजूद पुलिसकर्मी हालात के नियंत्रित करे के कोसिस कइल लो, बाकिर भीड़ जादे रहे कि हालात बेकाबू हो गइल आ उहां भगदड़ मच गइल।

एह भगदड़ में कुचलल गइला से नव लोग घायल भइल बा। जेमे से कुछ के हालत गंभीर बा। घायलन के अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

997060cookie-checkBreaking: मुंबई के बांद्रा रेलवे स्टेशन के प्लेटफॉर्म पs मचल भगदड़, कइयन लोगन के घायल होखे के खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.