हजारीबाग में यात्रियन से भरल बस पलटल: 5 के मौत, 12 घायल कोलकाता से पटना जात रहे बस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 21, 2024

बियफे के सबेरे हजारीबाग में बड़ हादसा हो गइल।हजारीबाग में बियफे के सबेरे कोलकाता से पटना जा रहल यात्रियन से भरल बस पलट गइल। हादसा में पांच पैसेंजरन के मौत हो गइल। जबकि, 12 लोग

Share

बियफे के सबेरे हजारीबाग में बड़ हादसा हो गइल।हजारीबाग में बियफे के सबेरे कोलकाता से पटना जा रहल यात्रियन से भरल बस पलट गइल। हादसा में पांच पैसेंजरन के मौत हो गइल। जबकि, 12 लोग जख्मी हो गइल। सभे कोलकाता से पटना जात रहे। हादसा बरकट्ठा के गोरहर थाना क्षेत्र के हs।

बतावल जा रहल बा कि गाड़ी तेज रफ्तार में रहे। ड्राइवर के झपकी आ गइल। अचानक सामने आइल गड़हा बचावे के दौरान बस पलट गइल। दुर्घटनाग्रस्त बस के नाम वैशाली बा। जादेतर लोग बस के अंदर दब गइल रहे, जवना के वजह से ओह लोगन के मौत भइल। सब घायलन के शेख भिखारी मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल हजारीबाग में एडमिट करावल गइल बा। फिलहाल मृतकन के पहचान नइखे हो पाइल।

बस के खिड़की खोलके पैसेंजर्स के निकालल गइल बाहर

लोग बतावल कि इहां सड़क वन वे हs आ सिक्स लेन बनावे वाली कंपनी सड़क के काटके छोड़ देले बिया। हादसा के चीख पुकार सुनके आसपास के गांववाला लोग पहुंचल आ लोगन के बस के खिड़की तुड़के बाहर निकालल। एकरा बाद लोकल थाना गोरहर के सूचना दिहल लो। पुलिस घायलन के हॉस्पिटल ले गइल लो। कुछ के हालत गंभीर बा। मरे वालन में महिला लोग जादे बा।

बस के नीचे दबल रहे लाश

प्रत्यक्षदर्शी लोग बतावल कि बस के नीचे कुछ पैसेंजर्स दब गइल रहे लो। दु घंटा के मशक्कत के बाद दुगो शवन के निकालल गइल। लोग बतावल कि सड़क निर्माण में लापरवाही के कारण आइल दिन हादसा होला। ई सबसे बड़ घटना बा। दु साल में 20 से जादे लोगन के मौत हो चुकल बा। घटनास्थल पs बरकट्ठा के सीओ, पुलिस अधिकारी मवजूद बा लो।

घायलन के एंबुलेंस से अस्पताल पहुंचावल गइल।
घायलन के एंबुलेंस से अस्पताल पहुंचावल गइल।

छव साल में 2KM बनल सड़क

गांववालन के अनुसार, बरकट्ठा सिक्स लेन के निर्माण पिछला छव सालन से चल रहल बा। अभी ले 2 किलोमीटर के काम पूरा हो सकल बा। एह हादसा पs हजारीबाग डीसी नैंसी सहाय मृतकन आ घायलन के परिजनन के प्रति गहिराह संवेदना व्यक्त कइली। ऊ हताहत भइल लोगन के जरूरी सहजोग आ बेहतर इलाज करे के डॉक्टरन के निरदेस देले बाड़ी।

मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन घटना पs शोक जतवलें।
मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन घटना पs शोक जतवलें।

एने, बरही एसडीपीओ अजीत कुमार विमल कहलें कि हो सकत बा कि ड्राइवर के झपकी आ गइल होई। एह कारण ई घटना घटल बा। घटना के बाद सबसे पहिले राहत आ बचाव के काम कइल जा रहल बा। सब शवन के पोस्टमार्टम खातिर भेजल गइल बा। घायलन के हजारीबाग आ रांची भेजल जा रहल बा ताकि ओकर बेहतर इलाज हो सके।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.