Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs AUS: ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर BCCI कइलस भारतीय टीम के घोषणा, कुलदीप के ना मिलल मवका, कृष्णा के वापसी

31

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड पांच मैचन के टेस्ट सीरीज खातिर भारतीय टीम के एलान कs दिहल गइल बा। एमे रोहित शर्मा के कप्तान आ जसप्रीत बुमराह के उपकप्तान बनावल गइल बा। ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर चुनल गइल स्क्वॉड में अनुभवी आ नवहा खिलाड़ियन के मवका मिलल बा। घरेलू सर्किट में रन बनावे के बाद अभिमन्यु ईश्वरन के टीम में जगह मिलल बा। नितीश कुमार रेड्डी आ हर्षित राणा के पहिला बेर टेस्ट टीम में सामिल कइल गइल बा आ ऊ एह सीरीज खातिर ऑस्ट्रेलिया जाई लो।

कुलदीप चोट के कारण बाहर

एह बीच भारत के स्टार स्पिनर कुलदीप यादव टीम से बाहर हो गइल बाड़ें। ऊ आपन पुरान बायां कमर के समस्या के कारण ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर चयन ला उपलब्ध ना रहस। ओहिजा, भारत के स्पिन बॉलिंग ऑलराउंडर अक्षर पटेल के टीम में सामिल नइखे कइल गइल।

शमी के फेर लागल झटका

मोहम्मद शमी के एक बेर फेर टेस्ट टीम के हिस्सा नइखे बनावल गइल। फिलहाल स्टार पेसर सर्जरी से उबर रहल बाड़ें। हाले में कप्तान रोहित शर्मा कहले रहस कि ऊ नइखन चाहत कि शमी एह दौरा पs ऑस्ट्रेलिया आवस। ऊ कहलें- ईमानदारी से कहीं तs ऑस्ट्रेलिया सीरीज खातिर उनका के चुनल मुश्किल बा। उनका एगो आउर चोट लागल रहे आ उनका घुटनन में सूजन आ गइल रहे। एहसे उनकर इस्थिति तनिक खराब हो गइल आ उनका फेर से सुरुआत करे के पड़ल। ऊ डॉक्टरन आ फिजियो के संगे एनसीए (नेशनल क्रिकेट एकेडमी, बंगलूरू) में बाड़ें। हमनी के अनफिट शमी के ऑस्ट्रेलिया नइखी ले जाइल चाहत सs। हमनी के उम्मीद कs रहल बानी सs हैं कि ऊ 100 प्रतिशत फिट हो जास।

कृष्णा के वापसी, अक्षर के कटल पत्ता

एह मैच में तेज गेंदबाजी आक्रमण के नेतृत्व जसप्रीत बुमराह करिहें। एमे उनकर साथ देवे खातिर मोहम्मद सिराज, आकाश दीप आ प्रसिद्ध कृष्णा के टीम में सामिल कइल गइल बा। कृष्णा टेस्ट टीम में वापसी कइले बाड़ें। उनका के आखिरी बार द. अफ्रीका के खिलाफ खेलत देखल गइल रहे। ओहिजा, स्पिन विभाग में रविचंद्रन अश्विन, रवींद्र जडेजा आ वाशिंगटन सुंदर के जगह मिलल बा। ओहिजा, अक्षर पटेल के मवका नइखे मिलल।

बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी खातिर भारतीय टीम: रोहित शर्मा (कप्तान), जसप्रीत बुमराह (उपकप्तान), यशस्वी जयसवाल, अभिमन्यु ईश्वरन, शुभमन गिल, विराट कोहली, केएल राहुल, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), सरफराज खान, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर) , आर अश्विन, आर जडेजा, मोहम्मद सिराज, आकाश दीप, प्रसिद्ध कृष्णा, हर्षित राणा, नितीश कुमार रेड्डी, वाशिंगटन सुंदर।

रिजर्व: मुकेश कुमार, नवदीप सैनी, खलील अहमद।

बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी 2024-25 के कार्यक्रम

मैच दिनांक स्थान
पहला टेस्ट 22-26 नवंबर पर्थ स्टेडियम
दूसरा टेस्ट 6-10 दिसंबर एडिलेड ओवल
तीसरा टेस्ट 14-18 दिसंबर गाबा
चौथा टेस्ट 26-30 दिसंबर एमसीजी
पांचवां टेस्ट 3-7 जनवरी एससीजी
995950cookie-checkIND vs AUS: ऑस्ट्रेलिया दौरा खातिर BCCI कइलस भारतीय टीम के घोषणा, कुलदीप के ना मिलल मवका, कृष्णा के वापसी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.