High Court : जस्टिस यशवंत वर्मा लेलें न्यायाधीश पद के शपथ, मुख्य न्यायाधीश दिलवलें ई शपथ, HCBA जतवलस आपत्ति

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2025

प्रयागराज : बड़ मात्रा में नोट मिलला के बाद चर्चा में आइल जस्टिस यशवंत वर्मा इलाहाबाद हाईकोर्ट में बतौर न्यायाधीश पद आ गोपनीयता के शपथ ग्रहण कs लेले बाड़ें। मुख्य न्यायाधीश अरुण भंसाली उनका के

Share

High Court : जस्टिस यशवंत वर्मा लेलें न्यायाधीश पद के शपथ, मुख्य न्यायाधीश दिलवलें ई शपथ, HCBA जतवलस आपत्ति

प्रयागराज : बड़ मात्रा में नोट मिलला के बाद चर्चा में आइल जस्टिस यशवंत वर्मा इलाहाबाद हाईकोर्ट में बतौर न्यायाधीश पद आ गोपनीयता के शपथ ग्रहण कs लेले बाड़ें। मुख्य न्यायाधीश अरुण भंसाली उनका के लाइब्रेरी हॉल में पद आ गोपनीयता के शपथ दिलवलें। जस्टिस वर्मा के नाम इलाहाबाद हाईकोर्ट के आधिकारिक वेबसाइटो पs दर्ज हो गइल बा। इलाहाबाद हाईकोर्ट बार एसोसिएशन जस्टिस वर्मा के शपथ ग्रहण पs आपत्ति जतवले रहे। रजिस्ट्रार प्रोटोकॉल आशीष श्रीवास्तव बतवलें कि न्यायमूर्ति यशवंत वर्मा के शपथ सबेरे 9:30 पs मुख्य न्यायधीश के लाइब्रेरी हॉल में भइल बा।

इलाहाबाद हाईकोर्ट के ऑफिशियल वेबसाइट पs उनकर नाम सातवां नंबर पs अपलोड कइल गइल। सुप्रीम कोर्ट कॉलेजियम उनका के इलाहाबाद हाईकोर्ट में ट्रांसफर कइले रहस। जस्टिस यशवंत वर्मा दिल्ली हाईकोर्ट में रहत कैश कांड में घिरल रहस। ओने, हाईकोर्ट बार एसोसिएशन शपथ पs आपत्ति जाहिर कइले बा। मुख्य न्यायाधीश के पत्र लिखके कहलें कि बार एसोसिएशन एह बात से परेसान बा कि एसोसिएशन के शपथ ग्रहण के जानकारी काहे ना दिहल गइल।

सात दिनन तक वकील कइले रहे लो हड़ताल

जस्टिस यशवंत वर्मा के तबादला इलाहाबाद हाईकोर्ट करे खातिर कोलेजियम के फैसला के खिलाफ इलाहाबाद हाईकोर्ट के अधिवक्ता नाराजगी जाहिर कइले रहे लो। एकरा विरोध में अधिवक्ता लोग सात दिन तक कामकाज ठप रखले रहे लो। बाद में वादकारियन के दिक्कतन के देखत 29 मार्च के हड़ताल स्थगित करे के घोषण कs देले रहे लो। मंगर से हाईकोर्ट में कामकाज सुरू हो गइल रहे।

Read Also: LSG vs MI: मुंबई के तीसरका हार के बाद बल्लेबाज आ गेंदबाज पs भड़कलें कप्तान हार्दिक पांड्या, जानीं का कहलें

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.