Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चिंताजनक: भारत के हर दूसरका बुजुर्ग दु भा ओकरा से जादे बेमारियन से ग्रस्त

64

भारत के हर दूसरका बुजुर्ग दु भा ओकरा से जादे बेमारियन से ग्रस्त बा। गैर संचारी रोगन के लेके हेल्पएज इंडिया के एह सर्वे के अनुसार 54 फीसदी बुजुर्गन में दु से जादे गैर संचारी रोगन से पीड़ित होखे के पुष्टि भइल बा।

देस के करीब 26 फीसदी माने चार में से एगो बुजुर्ग कम से कम एगो गैर संचारी बेमारी से पीड़ित बा, जेमे मधुमेह, उच्च रक्तचाप सहित कइयन तरे के बेमारी सामिल बा। सर्वे के दौरान करीब 20 फीसदी बुजुर्ग अपना बेमारी के बारे में जानकारी ना होखे के हवाला दिहल गइल बा। सर्वे रिपोर्ट के अनुसार, 80 बरिस भा ओकरा से जादे आयु वर्ग के जादेतर बुजुर्ग दु भा ओकरा से गैर संचारी रोगन से पीड़ित मिलल। सर्वे खातिर 10 राज्यन के 20 शहरन में करीब पांच हजार से जादे बुजुर्गन से बातचीत करे के अलावा 1300 डॉक्टरन से जानकारी लिहल गइल जेकरा लगे बुजुर्ग रोगी इलाज करावे खातिर पहुंच रहल बा लो। अध्ययन में पावल गइल कि बीतल एक साल में जादेतर बुजुर्ग (79%) सरकारी अस्पताल भा क्लीनिक इलाज खातिर गइल बा लो, जबकि बाकी निजी अस्पतालन में चिकित्सा जांच आ परामर्श लेले बा लो।

39 फीसदी बुजुर्गन के लगे स्मार्ट फोन

रिपोर्ट के अनुसार, 39 फीसदी बुजुर्गन के लगे डिजिटल उपकरणन के अलावा स्मार्टफोन तक बा जबकि 59% के लगे कवनो डिजिटल उपकरण नइखे। स्मार्टफोन के उपयोग पुरुषन (47%) आ सबसे जादे आयु वर्ग 60-69 वर्ष (43%) के बीच जादे बा। लगभग 12% लोग बिजली बिलन के भुगतान भा इंटरनेट बैंकिंग खातिर डिजिटल माध्यम के उपयोग कइल आ आठ फीसदी एकर उपयोग कवनो स्वास्थ्य संबंधी उपयोग खातिर कइल।

रक्तचाप, मधुमेह सबसे जादे

48 फीसदी बुजुर्ग के उच्च रक्तचाप भा हाइपरटेंशन के शिकायत बा आ लगभग समान अनुपात में 43 फीसदी के मधुमेह के परेसानी बा। एकरा अलावे एक तिहाई से जादे (35%) के गठिया, ऑस्टियोपोरोसिस भा फेर आउर हड्डी आ जोड़न से संबंधित बेमारी बा। 19% उच्च कोलेस्ट्रॉल के समस्या के बारे में बतावल।

29 फीसदी के लगे समय से पहुंच रहल बा पेंशन

सर्वे में इहो पता चलल बा कि खाली 29 फीसदी बुजुर्गन के लगे समय से सामाजिक सुरक्षा योजना जइसन से वृद्धावस्था पेंशन/ अंशदायी पेंशन/ भविष्य निधि के सेवा पहुंच रहल बा। एह मामले में बड़ भा छोट शहर के बुजुर्गन में कवनो खास अंतर नइखे पावल गइल बा। हर तीन में से एगो बुजुर्ग सकरले बा लो कि पिछला एक साल से ओह लोगन के लगे कवनो आय नइखे। एमे 60 से 69 बरिस के आयु के लगभग 31%, 71-79 वर्ष के उमिर के 36% आ 80 बरिस आ ओकरा से जादे उमिर के 37% बुजुर्ग सामिल बा लो।

995890cookie-checkचिंताजनक: भारत के हर दूसरका बुजुर्ग दु भा ओकरा से जादे बेमारियन से ग्रस्त

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.