[the_ad_group id="30365"]

ओडिशा में मंगेतर के सामने 3 लोग महिला से कइले सामूहिक बलात्कार 

Crime news
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ओडिशा में एगो लईकी के एगो जंगल में मंगेतर के सोझा तीन अज्ञात आदमी कथित तौर पs सामूहिक बलात्कार कईले।  घटना तब भईल जब महिला अपना मंगेतर के संगे फतेहगढ़ राम मंदिर में जाके सांझ के घरे लवटत रहली। पुलिस शुक के इs जानकारी देले बिया। घटना 20 अक्टूबर के हs।  खंडापाड़ा उप-विभागीय पुलिस अधिकारी बिमल कुमार बारिक पीटीआई के बतवले कि, “तीन अज्ञात आदमी पिथाखाई जंगल के नजदीक दुनो लोग के रोक के जबर्दस्ती जंगल में ले गईले अवुरी महिला के मंगेतर के चाकू के नोक से धमकी देत ​​लईकी के संगे सामूहिक बलात्कार कईले।”

बारिक कहले कि, आरोपी लोग एs घटना के मोबाइल फोन पs रिकॉर्ड कs के सोशल मीडिया पs वीडियो अपलोड कईले, सोशल मीडिया पs इs वीडियो वायरल हो गईल बा। उs कहले कि मामला दर्ज कईला के बाद पुलिस एs मामला में तीन लोग के हिरासत में लेके पूछताछ शुरू कs देले बिया।

उs कहले कि, पीड़िता के बयान दर्ज करे के प्रक्रिया चलता, उनुकर मेडिकल जांच भी कईल जाई।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]