Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: जमीन खातिर दू परिवारन में खूनी संघर्ष, बड़ भाई के कत्ल

146

एतवार के सबेरे फिरोजाबाद के शिकोहाबाद के गांव अरोंज गढ़िया में जमीन के बंटवारा के लेके दुगो भाई के बीच झगड़ा भइल। दुनु के परिवार के लोग लाठी से आमने सामने आ गइले। खूब हंगामा हो गइल। एह दौरान छोट भाई बड़ भाई के हत्या कऽ दिहलस।

गिरीश बाबू आ माया प्रकाश असल भाई हउवें। बतावल जाता कि खेत के बंटवारा के लेके सबेरे से दुनो के बीच विवाद रहे। एह घटना में दुनो ओर लाठी अउरी सरिया के इस्तेमाल भइल। एह घटना के बाद पुलिस गांव पहुंच के चार लोग के इलाज खातिर जिला संयुक्त अस्पताल ले आइल। जहां डाक्टर गिरीश बाबू के मरल घोषित कऽ देले।

मरेवाला के बेटा रामनरेश अवुरी शुभ नरेश के संगे-संगे छोट भाई के बेटा भूपेंद्र उर्फ रामू के अस्पताल में इलाज चलता। पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर मेडिकल कॉलेज फिरोजाबाद भेज देले बिया।

992530cookie-checkUP: जमीन खातिर दू परिवारन में खूनी संघर्ष, बड़ भाई के कत्ल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.