[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सुल्तानपुर के सांसद रामभुआल के अग्रिम जमानत याचिका खारिज, जानीं का रहे मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। हत्या के प्रयास ममिला में अपर सत्र न्यायाधीश गोविंद मोहन बड़हलगंज थाना क्षेत्र के दवनाडीह निवासी सुल्तानपुर के सांसद रामभुआल निषाद के अग्रिम जमानत अर्जी खारिज कs देले बाड़ें। बेलीपार के भौवापार निवासी रंजीत उर्फ पप्पू निषाद सात मई 2012 के दिन में 11 बजे अपना गाड़ी से दीवानी कचहरी आइल रहस।

आरोप बा कि कचहरी से वापस कुनराघाट जात रहस। दुपहरिया करीब 1:25 बजे ऊ छात्रसंघ चौराहा पs पहुंचलें तs आरोपी रामभुआल निषाद आउर साथियन के संगे दुगो बाइक से अइलें आ जान मारे के नियत से पिस्टल से फायर करे लगलें। ऊ गाड़ी से कूदके जान बचावे खातिर पास के विशाल मेगा मार्ट में छिप गइलें। एह दौरान पीड़ित के वाहन चालक सुरेश पासवान के पेट में गोली लागल। दुकानदार के बेटा रवि पासवान के कान्ह में गोली लागल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]