Alert: फोन चार्जिंग के ई एगो गलती पड़ी बहुत महंगा, FBI देलस चेतावनी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2024

जदि रउआ एयरपोर्ट, रेलवे स्टेशन भा कवनो आउर सार्वजनिक जगह पs लागल चार्जिंग प्वाइंट पs आपन फोन भा लैपटॉप के चार्ज करत बानी तs रउआ खातिर एगो चेतावनी बा। FBI लोगन के सार्वजनिक फोन चार्जिंग

Share

जदि रउआ एयरपोर्ट, रेलवे स्टेशन भा कवनो आउर सार्वजनिक जगह पs लागल चार्जिंग प्वाइंट पs आपन फोन भा लैपटॉप के चार्ज करत बानी तs रउआ खातिर एगो चेतावनी बा। FBI लोगन के सार्वजनिक फोन चार्जिंग स्टेशनन के इस्तेमाल करे के खिलाफ चेतावनी देले बा। FBI के मोताबिक मैलवेयर से बचावे खातिर ई सुझाव दिहल गइल बा।

FBI एगो पोस्ट करत कहले बा कि मॉल आ हवाई अड्डा जइसमन सार्वजनिक जगहन पs मिले वाला USB चार्जिंग स्टेशन के उपयोग साइबर अपराधियन के ओर से मैलवेयर आ जासूसी सॉफ्टवेयर फइलावे खातिर कइल जा सकत बा। FBI अपना पोस्ट में सुझाव देलस, “आपन चार्जर आ USB केबल संगे लेके चलीं आ एगो इलेक्ट्रिकल आउटलेट के उपयोग कैरी।”

ओइसे जब डिवाइस के बैटरी कम होला तs सार्वजनिक चार्जिंग स्टेशन के उपयोग आकर्षक लागेला, बाकिर सुरक्षा विशेषज्ञ कइयन बारिसन से यह जोखिम के बारे में चिंता व्यक्त करत आइल बा लो। 2011 में शोधकर्ता लोग एह समस्या के “जूस जैकिंग” नाम देले रहे लो।

जवना केबल के उपयोग रउआ अपना फोन के चार्ज करे खातिर करेनी, ओहिजा केबल डेटा के रउआ फोन से आउर उपकरणन तक भेजे खातिर उपयोग कइल जाला। उदाहरण खातिर जब रउआ अपना iPhone के मैक में चार्जिंग केबल के संगे प्लग करेनी, तs रउआ अपना फोन से फोटो के अपना कंप्यूटर में डाउनलोड कs सकत बानी। जदि पोर्ट से छेड़छाड़ कइल गइल बा, तs एगो हैकर राउर ईमेल, टेक्स्ट संदेश, फोटो आ संपर्कन जइसन जानकारी चुरा सकत बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.