Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Muzaffarpur News: आपसी विवाद में बदमाश युवक के चाकू से गोदले

141

मुजफ्फरपुर : सोमवार के देर रात जिला में एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आइल, जवना में एगो ऑटो ड्राइवर के दुआर पऽ चाकू मार के हत्या कऽ दिहल गइल। मामला मुजफ्फरपुर के राजेपुर थाना क्षेत्र के कैथोलिया गांव के हऽ। घटना के बाद से पूरा इलाका में सनसनी पसर गइल बा। मरेवाला के पहचान संदीप कुमार के रूप में भइल बा।

पूरा बात का बा?

दरअसल सोमवार के देर रात एगो टोटो चालक संदीप कुमार के उनका घर के दुआर पऽ बदमाश चाकू मार के हत्या कऽ देले। इ घटना के अंजाम देला के बाद सभ बदमाश मौका से फरार हो गइले। जानकारी के मुताबिक युवक के गर्दन प चाकू से गंभीर हमला आ जादे खून बहला के चलते मौत हो गइल। घटना के सूचना पुलिस के दिहल गइल। सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका प पहुंच के मामला के जांच शुरू कऽ देलस। जांच में पाता चलल कि इ आपसी विवाद अउरी पइसा के लेनदेन के मामला बा। पुलिस लाश के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर एसकेएमसीएच भेज देलस।

7 साल पहिले बियाह भइल रहे

मरेवाला के परिवार के लोग बतवले कि संदीप शहर में रहत घरी ऑटो चलावत रहले। साँझ के अपना गाँव लवट आइल रहले। घर के बहरी दुआर पऽ संदीप सुतत रहले। साँझ के खाना खइला के बाद सुत गइले। एही बीच आरोपी से उनकर झगड़ा हो गइल। परिवार के लोग बतवले कि जब तक हमनी के बाहर निकलनी जा तब तक आरोपी फरार हो गइल रहे। मरेवाला संदीप के गर्दन से बहुत खून बहत रहे। जवना के चलते उनकर मौत हो गइल। बता दीं, मरेवाला के बियाह 7 साल पहिले भइल रहे आ उनकर दु बच्चा बाड़े।

 

986850cookie-checkMuzaffarpur News: आपसी विवाद में बदमाश युवक के चाकू से गोदले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.