World Students Day: आखिर काहें मनावल जाला वर्ल्ड स्टूडेंट्स डे? पूर्व राष्ट्रपति से बा एकर गहिरा नाता

विश्व छात्र दिवस: फोटो

Share

 

 

 

 

 

आज पूरा दुनिया विश्व छात्र दिवस मना रहल बा। विश्व छात्र दिवस हर साल कवनो ना कवनो खास विषय के तहत मनावल जाला। एह साल 2024 में एकर विषय बा ‘छात्रन के भविष्य खातिर समग्र शिक्षा’. जवना के मकसद छात्र के समग्र विकास पs जोर दिहल बा अवुरी शिक्षा के खाली शैक्षणिक उपलब्धि ले सीमित ना कईल बा, इs दिन 2010 से मनावल जाता। रउरा तs जानते बानी कि ई दिन खास तौर पs मनावल जाला बाकिर का रउरा मालूम बा कि ई दिन काहे मनावल जाला?

ई दिन काहे मनावल जाला?

ध्यान रहे कि आज देश के पूर्व राष्ट्रपति, मिसाइल मैन डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम के जयंती हs। उनुका सम्मान में कलाम साहेब के जयंती विश्व छात्र दिवस के रूप में मनावल जाला। अब्दुल कलाम शिक्षा क्षेत्र में बहुत सराहनीय प्रयास कइले बाड़न जवन छात्र जीवन खातिर प्रेरणा के स्रोत बा। डॉ. एपी जे कलाम के जनराष्ट्रपति के रूप में भी याद कइल जाला। एपी जे अब्दुल कलाम के जनम 15 अक्टूबर 1931 के तमिलनाडु के रामेश्वरम में भइल रहे। 18 जुलाई 2002 के उs देश के 11वां राष्ट्रपति चुनल गईले।

साल 2010 में पहिला बेर भारत रत्न डॉ. ए.पी.जे. अब्दुल कलाम के 79वां जयंती के विश्व छात्र दिवस के रूप में मनावे के घोषणा भईल। तब से ई दिन हर साल विश्व छात्र दिवस के रूप में मनावल जाला। एह दिन डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम के महत्वपूर्ण भूमिका, उहाँ के उपलब्धि आ छात्रन के दिहल प्रेरणा के याद कइल जाला। उनुकर मानल ​​रहे कि कवनो भी समाज के निर्माण खातीर शिक्षक महत्वपूर्ण बाड़े, काहेंकी उनुकर जिम्मेदारी होखेला कि उs छात्र के अपना-अपना विषय में बेहतर बनावे। कलाम आपन पूरा जिनगी शिक्षा आ विद्यार्थियन के भलाई खातिर समर्पित कइलन.

एपीजे अब्दुल कलाम 2002 से 2007 ले देश के 11वां राष्ट्रपति रहले अवुरी अपना कार्यकाल में उs खास तौर पs छात्र अवुरी युवा के प्रति स्नेह अवुरी जुड़ाव के चलते सुर्खियन में रहले। उहाँ के दिहल प्रेरणादायक शब्द आजुओ विद्यार्थियन खातिर मार्गदर्शक के काम करेला.

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-