Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी उपचुनाव: सपा 6 उम्मीदवारन के नाम के ऐलान कइले, इनके मिलल टिकट

56

 

उत्तर प्रदेश में उपचुनाव के एलान अबहीं नइखे भइल बाकिर ओकरा पहिले राजनीतिक तापमान पहिलहीं से अधिका हो गइल बा. समाजवादी पार्टी मंगल के दिने दस में से छह सीट पs आपन उम्मीदवार एलान कइलस. सपा के इs घोषणा सियासी पंडितन के हैरान कs देलस। 6 उम्मीदवार के पहिला सूची में करहल सीट से उम्मीदवार के नाम भी घोषित कs दिहल गईल बा।

अब लोकसभा चुनाव के बाद खाली पड़ल सीट पs कवनो दिन उपचुनाव के एलान कइल जा सकेला. भारत के चुनाव आयोग आवे वाला चुनाव के तइयारी लगभग पूरा कs लिहले बा. जवना उम्मीदवारन के नाम सपा से एलान कइले बा ओहमें करहल से तेज प्रताप सिंह यादव, सीसामऊ से नसीम सोलंकी, फूलपुर से मुफ्तफा सिद्दीकी, मिल्कीपुर से अजीत प्रसाद, कटेहरी से शोभावती वर्मा आ मझंवा से ज्योति बिंद के उम्मीदवार बनावल गइल बा.

 

 

 

981250cookie-checkयूपी उपचुनाव: सपा 6 उम्मीदवारन के नाम के ऐलान कइले, इनके मिलल टिकट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.