Haryana Election: विनेश फोगाट के जीत पऽ बृजभूषण सिंह के तंज

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

हरियाणा विधानसभा चुनाव के नतीजा के लेके भाजपा सांसद रहल बृज भूषण शरण सिंह के प्रतिक्रिया सोझा आइल बा। उ कहले कि जवना तरह से किसान अउरी पहलवान के नांव पऽ भ्रम पैदा कऽ के

Share

हरियाणा विधानसभा चुनाव के नतीजा के लेके भाजपा सांसद रहल बृज भूषण शरण सिंह के प्रतिक्रिया सोझा आइल बा। उ कहले कि जवना तरह से किसान अउरी पहलवान के नांव पऽ भ्रम पैदा कऽ के के कोशिश भइल, जनता एकरा के खारिज कऽ देलस। साथही पहलवान आ कांग्रेस प्रत्याशी विनेश फोगाट के जीत का बारे में बृज भूषण कहलन कि जीत गइला के बादो कांग्रेस के सफाया हो गइल बा।

जब पूछल गइल कि कांग्रेस का सफाया हो गइल? बृजभूषण शरण सिंह बिना नांव लिहले विनेश फोगाट के ओर इशारा कइले। उ कहले कि उनकर (विनेश के) किस्मत बा, उऽ जरूर जीत जईहे। इहाँ (कुश्ती)  बेईमानी से जीतत रहली आ अब उहाँ जीत गइली। लेकिन ओह विजेता के मामला में कांग्रेस पार्टी हार गइल। ई जीते वाला पहलवान नायक ना होके खलनायक हवें। पहिले उऽ 2 साल तक हमनी के कुश्ती के तबाह कऽ देले, अब उऽ कांग्रेस के तबाह क देले।

उल्लेखनीय बा कि विनेश फोगाट ओह पहलवानन में शामिल रहली जे पिछला साल दिल्ली के जंतर मंतर पऽ बृज भूषण शरण सिंह पऽ कई गो जूनियर महिला पहलवानन के यौन शोषण करे के आरोप लगावत विरोध प्रदर्शन कइले रहली। पहलवानन के आरोप के बाद भारतीय कुश्ती जगत में उथल-पुथल मच गइल। भाजपा बृज भूषण सिंह के टिकट रद्द कऽ के उनका बेटा के लोकसभा उम्मीदवार बना देले रहे। बृज भूषण के खिलाफ यौन शोषण के मामला अबहीं तक कोर्ट में चलऽता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.