[the_ad_group id="30365"]

गरबा री रात आ जब सांसद रवि किशन सम्हरले स्टेज- ‘जीने के हैं चार दिन’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मंगर के स्थानीय क्लब में मारवाड़ी युवा मंच के ओर से गरबा री रात के मंच के संगे डांडिया कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। कार्यक्रम के उद्घाटन मुख्य अतिथि सदर सांसद रवि किशन शुक्ल कइले। उद्घाटन के बाद उ अपना सुप्रसिद्ध अंदाज में लोग के अभिवादन कईले। फेर मंच पऽ पहुँच गइलन।

उहाँ मौजूद सभे के एक के बाद एक बॉलीवुड गाना पऽ सभका के नाचवा देले। डांडिया के खुशी तब दुगुना हो गइल जब लोग के ओमें सांसद आ अभिनेता रवि किशन शुक्ला मिलले। जब रवि किशन मंच पs रहले तऽ सामने से बार-बार आवाज आवत रहे, once more, once more…

एह दौरान विशेष अतिथि मेयर मंगलेश श्रीवास्तव, समाजसेवी विकास केजरीवाल, अनूप सराफ मौजूद रहले। कार्यक्रम समन्वयक नवीन पालड़ीवाल बतवले कि सेलिब्रिटी गायक करिश्मा, अंकुर कक्कर आ ओह लोग के टीम एगो मनमोहक डांडिया कार्यक्रम पेश कइलस।

लाइव बैंड भीड़ के झूमा देलस। मुंबई के गायिका एकता सिंह के डांडिया स्पेशल गाना लोग के नाचे पs मजबूर कऽ दिहलस। बेस्ट कपल प्रतियोगिता, बेस्ट ड्रेस प्रतियोगिता आ बेस्ट फैमिली प्रतियोगिता के आयोजन भइल। शाखा सचिव मयंक अग्रवाल धन्यवाद जतवले। दुर्गेश बजाज, रजत लाठ, पीयूष तुलस्यान, संचित भलोटिया, नीरज जालन आदि सदस्य मौजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]