कैबिनेट मंत्री संजय निषाद के काफिला के भइल एक्सीडेंट, मंत्री के आईल गंभीर चोट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

    यूपी के प्रतापगढ़ जिला से बड़ी खबर आ रहल बा। इहाँ योगी सरकार के कैबिनेट मंत्री संजय निषाद के काफिला दुर्घटना हो गइल बा। खबर आवत बा कि एह हादसा में मंत्री के

Share

कैबिनेट मंत्री संजय निषाद के काफिला के भइल एक्सीडेंट; फोटो

 

 

यूपी के प्रतापगढ़ जिला से बड़ी खबर आ रहल बा। इहाँ योगी सरकार के कैबिनेट मंत्री संजय निषाद के काफिला दुर्घटना हो गइल बा। खबर आवत बा कि एह हादसा में मंत्री के गंभीर चोट लागल बा. संगही, काफिला के बहुत गाड़ी के नुकसान पहुंचल बा। एकरा बाद मंत्री संजय निषाद के जिला के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल बा।

जानकारी के मुताबिक इs हादसा प्रतापगढ़ रायबरेली सीमा के करिहा बाजार के नजदीक भईल। मंत्री जी अपना काफिला के संगे जात रहले। एही बीच उनुकर काफिला दुर्घटना के शिकार हो गईल। दुर्घटना में मंत्री घायल हो गईले। मंत्री के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा. जानकारी मिलते मेडिकल कॉलेज के डीएम अवुरी एसपी मौका पs पहुंच गईले।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.