यूपी उपचुनाव: सपा 6 उम्मीदवारन के नाम के ऐलान कइले, इनके मिलल टिकट

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

  उत्तर प्रदेश में उपचुनाव के एलान अबहीं नइखे भइल बाकिर ओकरा पहिले राजनीतिक तापमान पहिलहीं से अधिका हो गइल बा. समाजवादी पार्टी मंगल के दिने दस में से छह सीट पs आपन उम्मीदवार एलान

Share

समाजवादी पार्टी: फोटो

 

उत्तर प्रदेश में उपचुनाव के एलान अबहीं नइखे भइल बाकिर ओकरा पहिले राजनीतिक तापमान पहिलहीं से अधिका हो गइल बा. समाजवादी पार्टी मंगल के दिने दस में से छह सीट पs आपन उम्मीदवार एलान कइलस. सपा के इs घोषणा सियासी पंडितन के हैरान कs देलस। 6 उम्मीदवार के पहिला सूची में करहल सीट से उम्मीदवार के नाम भी घोषित कs दिहल गईल बा।

अब लोकसभा चुनाव के बाद खाली पड़ल सीट पs कवनो दिन उपचुनाव के एलान कइल जा सकेला. भारत के चुनाव आयोग आवे वाला चुनाव के तइयारी लगभग पूरा कs लिहले बा. जवना उम्मीदवारन के नाम सपा से एलान कइले बा ओहमें करहल से तेज प्रताप सिंह यादव, सीसामऊ से नसीम सोलंकी, फूलपुर से मुफ्तफा सिद्दीकी, मिल्कीपुर से अजीत प्रसाद, कटेहरी से शोभावती वर्मा आ मझंवा से ज्योति बिंद के उम्मीदवार बनावल गइल बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.