पपीता के पतई के अइसे ना कहल जाला गुणन के खान, करेला कई गंभीर बेमारियन के इलाज

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 9, 2024

    पपीता एगो असन फल हs जवन अपने पोषक तत्व के खातीर जानल जाला। एकरे सेवन से पाचन बेहतर होला आ कब्ज के समस्या में आराम मिलेला. बाकिर का आप कबो पपीता के पतई

Share

पपीता के पतई: फोटो

 

 

पपीता एगो असन फल हs जवन अपने पोषक तत्व के खातीर जानल जाला। एकरे सेवन से पाचन बेहतर होला आ कब्ज के समस्या में आराम मिलेला. बाकिर का आप कबो पपीता के पतई के फायदा के बारे में सुनले बानी? बता देत बानी की, पपीता के पतइ में मौजूद पोषक तत्व कई गो गंभीर बेमारी में फायदेमंद हs। एकरे पतई में विटामिन, मिनिरल्स, फाइबर आ एंटीऑक्सीडेंट के बेहतरीन स्रोत पाइल जाला । एमें विटामिन ए, विटामिन बी, विटामिन सी, विटामिन ई, विटामिन के आ एगो शक्तिशाली एंटीऑक्सीडेंट के प्रचुर मात्रा होला , जवन राउर सेहत के खातिर ज़रूरी हs। चली, जानल जाव पपीता के पतई से सेहत के का फायदा होला ?

एs गंभीर समस्या में पपीता के पतई फायदेमंद

पाचन में सुधार: जे लोग कब्ज, पेट फूलल आ पाचन समस्या से पीड़ित बा, उनकरी खातिर पपीता के पतई के रस फायदेमंद होला । ई सूजन के कम करेला आ आंत में स्वस्थ बैक्टीरिया के विकास में मदद करेला ।

डेगू में फायदेमंद: पपीता के पतई के पानी डेंगू बुखार से लड़े में बहुत कारगर मानल जाला । डेंगू से प्रभावित मरीजन में प्लेटलेट्स के संख्या तेजी से गिरेला जेके ई बढ़वले में मदद करेला । नियमित रूप से पपीता के पतई के रस पीअले से प्लेटलेट्स के संख्या में सुधार देखल ग‌इल बा।

शक्तिशाली एंटीऑक्सीडेंट: पपीता के पतई में विटामिन सी, विटामिन ई आ कई फ्लेवोनोइड जइसन एंटीऑक्सीडेंट होला , जवन शरीर के ऑक्सीडेटिव तनाव से बचावेना । एकरे नियमित सेवन से हृदय रोग, मधुमेह आ कैंसर जइसन गंभीर बेमारी के खतरा कम हो सकेला ।

सूजन कम करेला : पपीता के पतई में मौजूद एल्कलॉइड आ फ्लेवोनोइड शरीर में सूजन के कम क‌इले में मदद करेला । जवन लोग जोड़न के दर्द, मांसपेशियों में दर्द आ अन्य सूजन संबंधी समस्या से पीड़ित हवा उनकरी खातिर लाभकारी हs।

लिवर के स्वस्थ रखेला: पपीता के पतई में मौजूद एसिटोजिनिन लिवर के अशुद्धियन से बचावेला आ एकरे कार्य क्षमता के बढ़ावेला । ई लिवर के साफ करेला आ एके बेहतर तरीका से काम क‌इले में मदद करेला ।

कइसे करीं सेवन?

एक्सपर्ट हफ्ता में तीन बेर एक कप पपीता के पतई के ड्रिंक पीए के सलाह देवेले । हालांकि, इss व्यक्ति के सेहत पs निर्भर रहेला। ऐसे एकर सेवन शुरू क‌इले से पहिले अपने डॉक्टर से सलाह लेंई ताकि रउरा उचित मात्रा में एकर सेवन कs सकी।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.