Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कैबिनेट मंत्री संजय निषाद के काफिला के भइल एक्सीडेंट, मंत्री के आईल गंभीर चोट

54

 

 

यूपी के प्रतापगढ़ जिला से बड़ी खबर आ रहल बा। इहाँ योगी सरकार के कैबिनेट मंत्री संजय निषाद के काफिला दुर्घटना हो गइल बा। खबर आवत बा कि एह हादसा में मंत्री के गंभीर चोट लागल बा. संगही, काफिला के बहुत गाड़ी के नुकसान पहुंचल बा। एकरा बाद मंत्री संजय निषाद के जिला के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गईल बा।

जानकारी के मुताबिक इs हादसा प्रतापगढ़ रायबरेली सीमा के करिहा बाजार के नजदीक भईल। मंत्री जी अपना काफिला के संगे जात रहले। एही बीच उनुकर काफिला दुर्घटना के शिकार हो गईल। दुर्घटना में मंत्री घायल हो गईले। मंत्री के मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल गइल बा. जानकारी मिलते मेडिकल कॉलेज के डीएम अवुरी एसपी मौका पs पहुंच गईले।

 

 

 

 

981190cookie-checkकैबिनेट मंत्री संजय निषाद के काफिला के भइल एक्सीडेंट, मंत्री के आईल गंभीर चोट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.