Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना के सड़कन पs लगल नीतीश कुमार के पोस्टर, सीएम के भारत रत्न देवे के उठल मांग

51

आज यानी शनिचर के जेडीयू पार्टी कार्यालय में राज्य कार्यकारिणी के एगो महत्वपूर्ण बैठक बोलावल गईल बा। एह बइठक के अध्यक्षता मुख्यमंत्री नीतीश कुमार करीहें. राज्य कार्यकारिणी के बैठक से पहिले पटना के सड़क पs सीएम नीतीश कुमार के पोस्टर लगावल गईल बा। पटना के अलग-अलग चौराहा पs इs पोस्टर लगावल गईल बा। पोस्टर में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के एगो बड़ तस्वीर के संगे लिखल बा कि बिहार के प्रख्यात समाजवादी अवुरी विकास पुरुष माननीय मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भारत रत्न दिहल जाए। इs पोस्टर जेडीयू के प्रदेश महासचिव छोटू सिंह लगवले बाड़े।

जेडीयू नेता के ओर से लगावल पोस्टर में नीतीश कुमार के विकास करे वाला आदमी बतावल गईल बा। एकरा अलावे सीएम के एगो नामी समाजवादी नेता भी बतावल गईल बा। राज्य कार्यकारिणी के बइठक में आवे वाला लोग के स्वागत खातिर जेडीयू जवन पोस्टर लगवले बा ओकरा लगे ई पोस्टर लगावल गइल बा.

 

 

 

 

 

 

 

 

 

 

975850cookie-checkपटना के सड़कन पs लगल नीतीश कुमार के पोस्टर, सीएम के भारत रत्न देवे के उठल मांग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.