Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Thane:डॉक्टर के केबिन से 21 लाख रूपिया के चोरी, UP-बिहार के 3 गो अरेस्ट

55
Google Ads 300*250 for posts

ठाणे के एगो अस्पताल से 21 लाख रुपिया चोरी हो गइल। एह मामला में पुलिस अस्पताल के दुगो पूर्व कर्मचारी आ उनका एगो सहयोगी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। एह लोग के कब्जा से 18 लाख रुपया बरामद हो चुकल बा।

महाराष्ट्र के ठाणे में डाक्टर के केबिन से 21 लाख रुपिया चोरी हो गइल। ई घटना अस्पताल के दू गो पूर्व कर्मचारी अपना साथी लोग के साथे कइले बाड़न। पुलिस तीनों आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया आ ओ लोग के कब्जा से 18 लाख रुपया नकद बरामद कइले बिया।

एतवार के एगो अधिकारी बतवले कि ठाणे जिला के एगो अस्पताल के डॉक्टर के केबिन से 21 लाख रुपया नकद चोरी भइल बा। एह मामिला में निजी अस्पताल के दू गो पूर्व कर्मचारी आ एगो अउरी आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। उ बतवले कि 21 सितंबर के जब डॉक्टर काशीगांव के विनय नगर में इस्थित अस्पताल में अपना केबिन में गइले तऽ देखले कि कमरा में चोरी भइल बा आ नकदी चोरी हो गइल बा।

समाचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक काशीगांव थाना के वरिष्ठ निरीक्षक राहुल कुमार पाटिल बतवले कि सीसीटीवी फुटेज के जांच के बाद पता चलल कि एगो अनजान नकाबपोश आदमी केबिन में घुस के पइसा चोरा लेले। उऽ कहले कि, जांच से पता चलल बा कि केहु जानल-मानल केहु चोरी कइले होई।

 

969720cookie-checkThane:डॉक्टर के केबिन से 21 लाख रूपिया के चोरी, UP-बिहार के 3 गो अरेस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.