Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बड़ झटका! iPhones आ iPads पऽ Netflix के सुविधा अब ना मिली

487
Google Ads 300*250 for posts

जदि रउआ अपना iPhone भा iPad पs Netflix के आनंद ले रहल बानी, तऽ रउआ खातिर एगो महत्वपूर्ण खबर बा। Netflix ऐलान कइले बा कि अब कुछ पुरान iPhones आ iPads पs Netflix के सुविधा उपलब्ध ना होई। यह निर्णय उऽ यूजर्स के प्रभावित करी जेकरा लगे iOS 16 भा iPadOS 16 के बाद के वर्जन वाला डिवाइस बा।

कवन डिवाइस होई प्रभावित?

Netflix के इ बदलाव iPhone 8, iPhone 8 Plus, iPhone X, पहिला जनरेशन के iPad Pro, आ 5वां जनरेशन के iPad पs लागू होई। एह डिवाइस पs अब Netflix ऐप खातिर नया अपडेट, फीचर्स, भा बग फिक्स उपलब्ध ना होई। हालांकि, मौजूदा ऐप वर्जन कुछ समय तक काम करी। एकरा बावजूद, यूजर्स वेब ब्राउजर के माध्यम से Netflix के एक्सेस कऽ सकिहें।

काहे कइल गइल सपोर्ट खत्म?

नेटफ्लिक्स एह कदम के एहसे उठवले बा कि कंपनी अपना ऐप के बेहतर बनावे के कोशिश करत बिया। हो सकेला कि पुरान डिवाइस पs नया अपडेट आ फीचर ठीक से काम ना करे जवना से यूजर के अनुभव पर असर पड़ी। एहसे कंपनी पुरान आईफोन अवुरी आईपैड के सपोर्ट खतम करे के फैसला कइले बिया। हालांकि नेटफ्लिक्स अबहीं तक सपोर्ट खतम होखे के सही तारीख नइखे जारी कइले, बाकिर हो सकऽता कि इ जल्दिए लागू हो जाव।

अपडेट करे के सुझाव

जदि रउआ Netflix के लेटेस्ट अपडेट आ फीचर्स के लाभ उठावल चाहऽ तानी, तऽ रउआ के आपन डिवाइस के iOS 17 भा iPadOS 17 में अपग्रेड करने की सलाह दिहल जाता। इ सुनिश्चित करी कि रउआ Netflix के सबसे अच्छा अनुभव प्राप्त कऽ सकीं।

 

966340cookie-checkबड़ झटका! iPhones आ iPads पऽ Netflix के सुविधा अब ना मिली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.