[the_ad_group id="30365"]

Gyanvapi Case: आदि विश्वेश्वर विराजमान केस के सुनवाई टलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोमार के सिविल जज सीनियर डिवीजन/फास्ट ट्रैक कोर्ट के कोर्ट में ज्ञानवापी से जुड़ल ज्योतिर्लिंग आदि विश्वेश्वर विराजमान के मामला के सुनवाई न्यायिक अधिकारी के छुट्टी पs रहला के चलते स्थगित कऽ दिहल गइल। एह मामिला में अगिला सुनवाई 25 अक्टूबर के होखी।

ज्योतिर्लिंग आदि विश्वेश्वर विराजमान के ओर से बड़ी पियरी निवासी इंदु तिवारी अउरी वाद मित्र अनुष्का तिवारी कोर्ट में मामला दर्ज करवले बा। एमें ज्ञानवापी में इस्थित आराजी पs भगवान के मालिकाना हक घोषित करे, भव्य मंदिर बनावे में केंद्र आ राज्य सरकार के सहयोग करे आ ज्ञानवापी के बैरिकेडिंग हटावे के मांग कइल गइल बा।

25 तारीख के भगवान विश्वेश्वरनाथ केस में सुनवाई

सोमवार के सिविल जज सीनियर डिवीजन/फास्ट ट्रैक कोर्ट यूगल शंभू के कोर्ट में भगवान विश्वेश्वरनाथ के ज्ञानवापी से जुड़ल 1991 के मामला के सुनवाई न्यायिक अधिकारी के छुट्टी पs रहला के चलते स्थगित कऽ दिहल गइल। एह मामिला में अगिला सुनवाई 25 अक्टूबर के होखी।

एह वाद में संपूर्ण ज्ञानवापी परिसर के एएसआई से सर्वे करावे के अर्जी पs वाद मित्र विजय शंकर रस्तोगी आपन बहस पूरा कऽ लेले बाड़े। अब एह मामला में प्रतिवादी अंजुमन इंतेजामिया मसाजिद कमेटी के तरफ से बहस होखे के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]