Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur Weather Update: गोरखपुर में जमल रही बादल, 16-17 के झमाझम बरखा के आसार

110
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर। रुक-रुक के हो रहल बरखा से गोरखपुरवासियन के उमस भरल गरमी से राहत मिलल बा। आसमान में बादल जमल रही आ बरखा के ई क्रम फिलहाल अइसही जारी रही। अइसन में गरमी से राहत मिलत रही।

मौसम विज्ञानी कैलाश पांडेय के मोताबिक वायुमंडलीय परिस्थिति दक्षिण-पश्चिम उत्तर प्रदेश में बनल बा। उहां एगो हवा के कम दबाव के क्षेत्र बनल बा। एकर सर्वाधिक प्रभाव 15 सितंबर से लउकी। 16-17 सितंबर के झमाझम बरखा के संभावना बनल रही।

मौसम विज्ञानी बतवलें कि बरखा के सर्वाधिक प्रभाव गोरखपुर के उत्तरी क्षेत्र में होई। उत्तरी क्षेत्र में हल्का से मध्यम आ दक्षिण क्षेत्र में हल्का बरखा रिकार्ड कइल गइला के आसार बा। रुक-रुक लगातार बरखा के चलते अधिकतम तापमान नियंत्रित रही।

आर्द्रता के जादे प्रतिशत तापमान के नियंत्रित करे में सहजोग करी। अधिकतम तापमान 35 डिग्री सेल्सियस से कम आ न्यूनतम तापमान 35 डिग्री सेल्सियस के आसपास रिकार्ड कइल जाई। आर्द्रता के 70 से 90 प्रतिशत के बीच रहे के संभावना बा।

ओने, बियफे के सबेरही से रुक-रुक के बरखा के क्रम जारी रहल। बादलन के बीच से कुछ देर खातिर घाम निकलल बाकिर ऊ बहुत देर तक टिक ना सकल। बादल आ घाम के होड़ में बादल प्रभावी रहल।

साभार: दैनिक जागरण

958880cookie-checkGorakhpur Weather Update: गोरखपुर में जमल रही बादल, 16-17 के झमाझम बरखा के आसार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.