Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर में छत पs सुतल अधेड़ के गला रेतके हत्या, जांच में जुटल पुलिस 

230
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर। चौरी चौरा के पिपरहिया में सनीचर के रात छत पs सुतल अधेड़ के गला रेतकर हत्या कs दिहल गइल।पुलिस के संगे पहुंचल फारेंसिक टीम घटना स्थल से साक्ष्य जुटावल।

स्वजन के कहनाम बा कि हमला करे वालन के संख्या दुगो रहे, बाकिर अधेड़ बहु के तहरीर पs पुलिस बालखुर्द निवासी धर्मेंद्र शर्मा उर्फ गोलू के विरुद्ध केस दर्ज कइले बिया। आरोपित के गिरफ्तार कs के पुलिस ओकरा से पूछताछ कs रहल बिया।

चौरीचौरा थाना क्षेत्र के ग्राम चौरी के टोला पिपरहिया निवासी 48 वर्षीय अवधेश पटेल सनीचर के रात में छत पs सुतल रहस। बहु रंजना पटेल पत्नी संगम पटेल चौरी चौरा पुलिस के बतवली कि रात के करीब 12 बजे उनकर ससुर अवधेश छत पs से चिल्लात खून से लतपथ नीचे अइलें।

बतवलें कि दु लोग उनका गला पs धारदार हथियार से हमला कs देले बा। एकरा बाद ऊ जमीन पs गिर पड़ल। उनका के उपचार खातिर एंबुलेंस से सीएचसी चौरी चौरा ले जाइल गइल। जहां डाक्टर लोग मृत घोषित कs दिहल।

रंजना के कहनाम बा कि उनकर पति बाहर रहेलें। सास lr नेवासा मिलल बा। एहिसे ऊ अपना मायके में रहेली। नीचे एगो कमरा में ऊ, दूसरका कमरे मे देवर आ तीसरका कमरा में ननद सुतल रहली।

एसपी नार्थ जितेंद्र कुमार श्रीवास्तव बतवलें की तहरीर के आधार पs केस दर्ज कs के आरोपित के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। अब तक के पूछताछ में ममिला प्रेम प्रसंग के सामने आ रहल बा। आरोपित आ मृतक के पुत्री के बीच बातचीत होत रहे। बियाह ना हाेखे देला पs घटना के अंजाम दिहल गइल बा।

953010cookie-checkगोरखपुर में छत पs सुतल अधेड़ के गला रेतके हत्या, जांच में जुटल पुलिस 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.