Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur: गोरखपुर के सड़क होई जगमग, तिरंगा लाइटन से रोशन होई पूरा शहर

284
Google Ads 300*250 for posts

नगर निगम गोरखपुर शहर के रोशन करे के तइयारी में व्यस्त बा। मुख्य सड़क से लेके सड़क तक हर जगह नया स्ट्रीट लाइट लगावल जाई। सोलर लाइटो लगावल जाई। पार्षद लोग से बंद लाइट प्वाइंट के सूची मांगल गइल बा। इ काम सीएसआर फंड से 21 करोड़ रुपया से कइल जाई। दशहरा से पहिले काम पूरा करे के लक्ष्य बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के निर्देश पs नगर निगम शहर के रोशन करे में व्यस्त बा। महोत्सव शुरू होखे से पहिले वार्ड के भीतर मुख्य सड़क से लेके गली तक के रोशनी देवे के योजना बा।

एह क्रम में निगम प्रशास महानगर के सभ 80 वार्ड के पार्षद से बंद लाइट प्वाइंट के सूची मंगले बा। जइसे-जइसे सूची मिली, बत्ती के मरम्मत के संगे-संगे ओकरा के बदले के कामो होई।

949300cookie-checkGorakhpur: गोरखपुर के सड़क होई जगमग, तिरंगा लाइटन से रोशन होई पूरा शहर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.