गोरखपुर महोत्सव: जूटीहें बॉलीवुड-भोजपुरी कलाकार, मनोरंजन, कला-संस्कृति के होई संगम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 20, 2024

आवे वाला साल में गोरखपुर शहर में 11, 12 आ 13 जनवरी के ई महोत्सव के आयोजन कइल जाई। रामगढ़तल के किनारे चंपा देवी पार्क आ प्रदर्शनी मैदान में होखे वाला एह महोत्सव में कला,

Share

आवे वाला साल में गोरखपुर शहर में 11, 12 आ 13 जनवरी के ई महोत्सव के आयोजन कइल जाई। रामगढ़तल के किनारे चंपा देवी पार्क आ प्रदर्शनी मैदान में होखे वाला एह महोत्सव में कला, संस्कृति आ खेल के संगम देखे के मिली। प्रतियोगिता में बेहतरीन प्रदर्शन करे वाला कलाकार, खिलाड़ी आ विद्यार्थियन के पुरस्कृत आ सम्मानित कइल जाई।

बॉलीवुड आ भोजपुरी के मशहूर स्टार एह रात के शोभा बढ़ा दीहें जबकि स्थानीय कलाकारन के मंच पऽ भरपूर जगह मिली। महोत्सव के तइयारी शुरू करे खातिर बियफे के दिने सभागार में कमिश्नर अनिल ढिंगरा के नेतृत्व में विभिन्न विभाग के अधिकारियन के बइठक करावल गइल।

बइठक में कमिश्नर बतवले कि महोत्सव में पारंपरिक खेल, स्कूली बच्चा के प्रतियोगिता, शिल्प मेला आदि के आयोजन कइल जाई। महोत्सव खातिर कमिश्नर के अध्यक्षता में एगो समिति बनावल गइल बा, जवना में डीएम उपाध्यक्ष बाड़े, जबकि एसएसपी, नगर आयुक्त आ बाकी वरिष्ठ अधिकारी शामिल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.