[the_ad_group id="30365"]

“हमरा तऽ लैंडिंग अइबे ना करे” उड़त फ्लाइट के पायलट के बात से मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कल्पना करीं कि रउरा कवनो फ्लाइट में सफर करत बानी। अचानक पायलट कॉकपिट से बाहर निकल के यात्री लोग के बतावेला कि ओकरा के विमान उतरे के प्रशिक्षण नइखे मिलल। अइसना में यात्री के हालत का होई? उड़ान के भीतर के माहौल कइसन होई? सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म रेडिट पs इहे अनुभव एगो यात्री साझा कइले।

यात्री लिखले बा कि उऽ 8 अगस्त के पोर्टलैंड से जैक्सन होल खातिर उड़ान भरले रहले। बाकिर अचानक उनका पता चलल कि पायलट के विमान उतरे के तरीका ना आवे।

उऽ आगे बतावत बाड़े कि पायलट फ्लाइट में मौजूद सभ यात्री के बतवले कि उ जैक्सन होल में फ्लाइट ना उतार पवले। हमनी के आपन फ्लाइट यूटा के साल्ट लेक सिटी खातिर डायवर्ट करे के पड़ी। हम रउरा सभे के अउरी जानकारी देत रहब।

उपयोगकर्ता आगे बतवले कि आखिरकार विमान साल्ट लेक पs उतर गइल आ सभ यात्री के करीब एक घंटा इंतजार करे के पड़ल। कुछ घंटा बाद एगो नया पायलट आइल आ आखिरकार हमार फ्लाइट जैक्सन होल पर उतर गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]