Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

KC Tyagi: केसी त्यागी काहे देले इस्तीफा? खुद बतवले असली बात

818
Google Ads 300*250 for posts

Bihar politics: जदयू के वरिष्ठ नेता केसी त्यागी पार्टी के राष्ट्रीय प्रवक्ता पद से इस्तीफा दे देले बाड़न। जदयू कहलस कि त्यागी निजी कारण से इस्तीफा दे देले बाड़े। अब त्यागी खुदे एह बारे में सब कुछ साफ कऽ देले। त्यागी के इस्तीफा पs आधिकारिक बयान आ गइल बा। उऽ कहले कि भविष्य में उऽ जदयू के सलाहकार बनल रहीहें।

जदयू के राष्ट्रीय प्रवक्ता पद से इस्तीफा देला के बाद केसी त्यागी एतवार के कहले कि उऽ नीतीश कुमार के छोड़ के ना जइहें। नीतीश समाजवादी हउवें।

त्यागी साफ-साफ कहले कि उऽ जदयू में सलाहकार के रूप में रहीहें। नीतीश कुमार के जब कबो जरूरत पड़े हमरा के फोन कऽ सकेले। उनका से हमार रिश्ता बहुत पहिले के बा। उनका प्रति सम्मान रहल बा आ रही।

947470cookie-checkKC Tyagi: केसी त्यागी काहे देले इस्तीफा? खुद बतवले असली बात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.