Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छत्रपति शिवाजी के मूर्ति गिरले पs पीएम मोदी मंगले माफी, जानीं का बोलले

547
Google Ads 300*250 for posts

 

हाल ही में महाराष्ट्र के सिंधुदुर्ग में छत्रपति शिवाजी महाराज के मूर्ति गिर गईल रहे। एह घटना के लेके महाराष्ट्र में भारी राजनीतिक हंगामा मच गईल। आज शुक के महाराष्ट्र पहुंचला के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एगो बैठक में एs घटना खातीर माफी मंगले बाड़े। पीएम मोदी एह घटना खातिर माफी मंगले बाड़न आ कहले बाड़न कि शिवाजी हमनी खातिर आराध्य बाड़े.

पीएम मोदी का कहले?

शुक के महाराष्ट्र के पालघर में पीएम मोदी कहले कि जब हमरा के पीएम उम्मीदवार घोषित भईल तs सबसे पहिले हम रायगढ़ में छत्रपति शिवाजी महाराज के जगह पs गईनी। हाल ही में सिंधुदुर्ग में जवन कुछ भी भइल बा, शिवाजी खाली नाम ना हवें, उs खाली राजा ना हवें, हमनी खातिर शिवाजी आराध्य बाड़े। शिवाजी के चरण में प्रणाम करत माफी मांगत बानी।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी महाराष्ट्र के पालघर में वाधवन बंदरगाह के शिलान्यास कइले। एह परियोजना के कुल लागत लगभग 76,000 करोड़ रुपिया बा। पीएम मोदी करीब 1560 करोड़ रुपिया के 218 मत्स्य परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास भी कईले। एह दौरान पीएम मोदी कहलन कि महाराष्ट्र खातिर बड़हन फैसला लिहल गइल बा. आजु वाढवण पोर्ट के शिलान्यास हो गइल बा. इs देश के सबसे बड़ कंटेनर पोर्ट होई।

 

 

 

945510cookie-checkछत्रपति शिवाजी के मूर्ति गिरले पs पीएम मोदी मंगले माफी, जानीं का बोलले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.