Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मध्य प्रदेश, राजस्थान आ महाराष्ट्र में भारी बरखा के चेतावनी, गुजरात में बाढ़ के खतरा

66
Google Ads 300*250 for posts

 

 

अगस्त के आखिरी हफ्ता में भी देश के कई राज्यन में भारी बरखा के तबाही जारी बा। हालांकि आवे वाला दिन में राहत के संभावना बा। मौसम विभाग के मुताबिक सोमार (26 अगस्त) के गुजरात, राजस्थान, महाराष्ट्र अवुरी मध्य प्रदेश में भारी बरखा के संभावना बा। एह सब राज्यन में रेड अलर्ट जारी कइल गइल बा. गोवा आ कर्नाटक खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा. असम, मेघालय, नागालैंड, मणिपुर, मिजोरम, त्रिपुरा में भी भारी बारिश के संभावना बा। उत्तर प्रदेश, छत्तीसगढ़, पश्चिम बंगाल अवुरी बिहार जईसन राज्य में भी भारी बरखा हो सकता।

आवे वाला दिन में मौसम साफ रही अवुरी भारी बरखा से लोग के राहत मिली। हालांकि आवे वाला दिन में गुजरात में भारी बरखा के चेतावनी दिहल गइल बा. इहाँ के निचला इलाका में बाढ़ के खतरा बा। 27 अगस्त के महाराष्ट्र, राजस्थान अवुरी गुजरात में भारी बरखा हो सकता। एकरा बाद सिर्फ गुजरात में बरखा के लेके अलर्ट जारी कईल गईल बा।

आवे वाला दिन में मौसम कईसन होई?

•महाराष्ट्र, राजस्थान आ गुजरात के कुछ हिस्सा खातिर 27 अगस्त के ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा. एकरा अलावे हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड, केरल, त्रिपुरा अवुरी मिजोरम में भारी बरखा के संभावना बा। मुसलाधार बरखा से गुजरात के कच्छ आ सौराष्ट्र में समस्या पैदा हो सकेला.

•गुजरात के सौराष्ट्र आ कच्छ में 28 अगस्त के ऑरेंज अलर्ट बा। एकरा अलावे महाराष्ट्र, केरल, असम, त्रिपुरा, मणिपुर, मिजोरम, नागालैंड में भी भारी बरखा हो सकता।

•29 अगस्त के गुजरात आ कर्नाटक के कुछ हिस्सा में भारी बरखा के चेतावनी ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल बा. जम्मू कश्मीर, मध्य प्रदेश छत्तीसगढ़, ओडिशा आ महाराष्ट्र के कुछ हिस्सा में भारी बरखा के संभावना बा.

कांग्रेस के त्रिपुरा इकाई राज्य में बाढ़ से भईल नुकसान के भरपाई खातीर केंद्र सरकार से विशेष पैकेज के मांग कईले बिया। राज्य में आइल बाढ़ में नाहियो तs 26 लोग के मउत हो गइल बा आ दू गो लापता बाड़े. कांग्रेस विधायक सुदीप रॉय बरमन कहले कि, “बाढ़ से भईल नुकसान बहुत बड़ बा। सर्वदलीय बैठक में हमनी के राज्य अवुरी ओकरा जनता के पुनर्निर्माण खातीर मुख्यमंत्री माणिक साहा के सोझा कुछ प्रस्ताव पेश कईनी। मुख्यमंत्री अयीसन दावा कईले बाड़े बाढ़ के चलते अनुमानित नुकसान 15,000 रुपिया हो सकता।”

राजस्थान के जालोर में पानी के तेज धारा में पांच भक्त बह गईले, जवना में से तीन लोग के बाहर निकालल गईल जबकि एगो महिला के मबा मऊत हो गईल अवुरी दूसरा के खोज जारी बा। उदयपुर, धौलपुर, बांसवाड़ा, प्रतापगढ़, कोटा, बारां, अजमेर, भीलवाड़ा, टोंक, जालोर, दौसा, सवाई माधोपुर आ सिरोही जिला में कुछ जगहा पs भारी बरखा भइल. मौसम विभाग के मुताविक पूर्वी राजस्थान में सबसे जादा बारिश दौसा में 144.0 मिमी अवुरी पश्चिमी राजस्थान के जालोर के रानीवाड़ा में 65 मिमी भईल बा। पुलिस के कहनाम बा कि, जलौर के जसवंतपुरा अनुमंडल में भईल भारी बरखा के चलते सुंधा माता मंदिर के सीढ़ी पs पहाड़ से पानी बहे लागल। तेज धारा में पांच भक्त बह गईले, जवना में से एगो महिला के मौत हो गईल। मौसम विभाग के ओर से सोमार तक कोटा, उदयपुर अवुरी जोधपुर संमंडल के बहुत इलाकन में भारी बरखा के अनुमान बा। विभाग के मुताबिक 27 अगस्त से भारी बरखा के गतिविधि में कमी आवे के प्रबल संभावना बा।

 

 

939800cookie-checkमध्य प्रदेश, राजस्थान आ महाराष्ट्र में भारी बरखा के चेतावनी, गुजरात में बाढ़ के खतरा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.