[the_ad_group id="30365"]

यात्रियन के सुविधा खातीर बड़ तैयारी में इंडिगो, टिकट बुक करत समय मिली ई फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देश के सबसे बड़ एयरलाइन कंपनी इंडिगो अपना यात्रियन के सुविधा खातिर बड़हन तइयारी करत बिया. समावेशीता के बढ़ावा देवे के एगो बड़ प्रयास में इंडिगो जल्दिए टिकट बुकिंग के समय यात्री खातीर जेंडर न्यूट्रल ‘एमएक्स’ विकल्प पेश करी। मतलब कि यात्री से इs ना पूछल जाई कि टिकट बुक करेवाला आदमी मरद हs कि महिला। एकर बस मतलब ई बा कि टिकट बुक करत घरी यात्री लोग के आपन लिंग बतावे के जरूरत ना पड़ी. एकरा अलावे देश के सबसे बड़ एयरलाइन के मकसद बा कि कंपनी में काम करेवाला कर्मचारी के संख्या दुगुना कईल जाए।

घरेलू बाजार में 62 फीसदी हिस्सेदारी 

बता दीं कि इंडिगो भारत के सबसे बड़ एयरलाइन कंपनी हs, जवना के घरेलू बाजार में 62 प्रतिशत हिस्सेदारी बा। इंडिगो के ग्रुप चीफ ह्यूमन रिसोर्सेज़ ऑफिसर सुखजीत एस. पसरीचा से कहले कि एयरलाइन अपना यात्री खातीर बुकिंग के समय ‘एमएक्स’ विकल्प पेश करी अवुरी एकरा से ओ ट्रांसजेंडर के विकल्प मिल जाई, जवन कि आपन पहचान ना बतावल चाहतारे। फिलहाल बुकिंग प्रक्रिया के दौरान एयरलाइन के वेबसाइट पs ‘पुरुष’ अवुरी ‘महिला’ के विकल्प उपलब्ध बा।

एयर इंडिया एक्सप्रेस अवुरी विस्तारा में पहिलही से यात्री के टिकट बुक करत समय ‘Mx’ के विकल्प दिहल जाता। सुखजीत पसरीचा कहले कि इंडिगो ‘एलजीबीटीक्यू+’ समुदाय खातीर कई गो पहल लागू कईले बिया, जवना में समुदाय के लोग के बहाली खातीर प्रोत्साहित करे खातीर विशेष कार्यक्रम शामिल बा। उs बतवले कि इंडिगो में लगातार एलजीबीटीक्यू+ लोग के भर्ती कईल जाता अवुरी उs लोग उड़ान समेत एयरलाइन के अलग-अलग विभाग में भी काम करतारे।

कंपनी 110 से अधिका रूट पs सेवा देवेले

देश के प्रमुख एयरलाइन कंपनी इंडिगो एह घरी दुनिया भर के 110 से अधिका रूट पs सेवा दे रहल बिया. एहमें 80 से अधिका घरेलू मार्ग आ 30 से अधिका अंतर्राष्ट्रीय मार्ग शामिल बा. एह एयरलाइन के बेड़ा में कुल 382 गो विमान बाड़ें जिनहन में A321 neo, A320 neo, ATR, B777, A321 आ A320 सीईओ शामिल बाड़ें।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]