Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar News : स्कूल के पीछे मिलल छात्र के लाश, बर्थडे पार्टी के बहाने बोला के दाग देले गोली

572
Google Ads 300*250 for posts

बिहार : बिहार में अपराधी एगो छात्र के गोली मार के हत्या कऽ देले।  पुलिस बल अउरी एफएसएल के संगे डॉग स्क्वाड के टीम मौका प पहुंचल बिया अउरी मामला के जांच में जुटल बिया।

बिहार के आरा में हथियारबंद अपराधी आठवीं कक्षा के छात्रा के बेरहमी से हत्या कऽ देले। अपराधी घटना के अंजाम तब अंजाम देले जब छात्र दादा के संगे दालान में सुतल रहे। फेर देर रात में केहु मोबाइल से फोन कऽ के घर से बाहर निकल के जन्मदिन के पार्टी में जाए के कहलस अउरी ओकरा बाद गांव के मिडिल स्कूल में ले जाके गोली मार के हत्या कऽ देले। अपराधी उनका के दु गोली मार देले आ ओकरा बाद उहाँ से फरार हो गइले। घटना इमादपुर थाना क्षेत्र के इमादपुर गांव के हऽ। मरेवाला इमादपुर गांव निवासी विधानंद पाण्डेय के बेटा पुष्पम राज कुमार उर्फ भोलू (13 साल) रहे।

933300cookie-checkBihar News : स्कूल के पीछे मिलल छात्र के लाश, बर्थडे पार्टी के बहाने बोला के दाग देले गोली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.