[the_ad_group id="30365"]

Jehanabad News: बेटा निकला माई के हत्यारा, अंधविश्वास में कइलस हत्या; पूछताछ के बाद पुलिसो हो गइल हैरान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छव दिन पहिले काको थाना क्षेत्र के काको बाजार में सब्जी बेचे वाली बुढ़िया के छुड़ी मार के हत्या कऽ दिहल गइल रहे। शनिचर के दिने पुलिस एह मामला के जाँच कइलस आ हत्यारा के पकड़ लिहलस। हत्या में इस्तेमाल भइल तेज हथियारो ओकरा से बरामद भइल बा। हत्यारा दोसर केहु ना, खुद बेटा निकलल।

जहानाबाद। छव दिन पहिले काको थाना क्षेत्र के काको बाजार में एगो बुढ़िया, जवन कि सब्जी बेचे वाली रहली, चाकू से मार के हत्या क दिहल गइल रहे। शनिचर के दिने पुलिस एह मामला के जाँच कऽ के हत्यारा के पकड़ लिहलस। हत्या में इस्तेमाल भइल तेज हथियारो ओकरा लगे से बरामद भइल बा।

बेटा निकलल हत्यारा 

हत्यारा दोसर केहु ना, खुद बेटा निकलल। प्रशिक्षु डीएसपी संगीता बतवली कि महिला के छोट बेटा अरविंद साओ अंधविश्वास के चलते अपना महतारी मालो देवी के हत्या कऽ देले बा। आरोपियो आपन अपराध मान लेले बा। महिला के हत्या 11 अगस्त के भइल रहे। हालांकि अंधविश्वास में कवना तरह के अंधविश्वास के खुलासा नईखे भइल।

वैज्ञानिक तरीका से शोध शुरू भइल

हत्या के बाद पुलिस वैज्ञानिक जांच शुरू क देलस, जवना में बेटा के खिलाफ मजबूत सबूत मिलल। महिला अपना घर में अकेले रहत रहली, उनकर बेटा अरविंद घर के नजदीक रहत रहले। बड़का बेटा घर से कुछ दूर रहला का बादो अपना महतारी के देखभाल करत रहे छोटका बेटा अंधविश्वास में पड़ के माई के हत्या कर दिहलस, एह घटना से सभे चौंक गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]