Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UGC NET: एह विषयन खातिर बदल गइल राष्ट्रीय पात्रता परीक्षा के तारीख, NTA जारी कइलस नया शेड्यूल

894
Google Ads 300*250 for posts

राष्ट्रीय परीक्षा एजेंसी (NTA) विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (UGC) के राष्ट्रीय पात्रता परीक्षा (NET) के जून 2024 सत्र के पुनर्परीक्षा के पूर्व घोषित कार्यक्रम (21 अगस्त से 4 सितंबर) में बदलाव कइल गइल बा। एजेंसी के ओर से मंगर, 13 अगस्त के जारी अधिसूचना के मोताबिक 26 अगस्त के प्रस्तावित परीक्षन के आयोजन अब 27 अगस्त के कइल जाई। एनटीए ई बदलाव 26 अगस्त के पड़ रहल त्यौहार श्रीकृष्ण जन्माष्टमी के देखत कइले बिया।

UGC NET June 2024: एह विषयन खातिर बदल गइल परीक्षा के तारीख

बता दीं कि NTA कुल 83 विषयन खातिर UGC NET जून 2024 परीक्षा के कार्यक्रम दो अगस्त के जारी कइल गइल रहे, जवना के अनुसार 26 अगस्त के पहिला पाली (सबेरे नौ बजे से दुपहरिया 12 बजे तक) में हिंदी आ दर्शनशास्त्र विषयन के परीक्षा होखे रहे। एकरा बाद दूसरका पाली (दुपहरिया तीन बजे से शाम छव बजे तक) हम हिंदी, उड़िया, नेपाली, मैनपुरी, असमी आ सैंथली भाषा के परीक्षा होखे के रहे। हालांकि, मंगर के कइल गइल बदलाव के बाद अब एह विषयन के परीक्षा 27 अगस्त के समान पालियन में आयोजित कइल जाई।

UGC NET June 2024 Admit Card: प्रवेश पत्र एह तारीख के होई जारी

दूसरका ओर, UGC NET अगस्त 2024 परीक्षा में सम्मिलित होखे जा रहल उम्मीदवारन के आवंटित परीक्षा शहर के जानकारी खातिर एग्जाम सिटी इंटीमेशन स्लिप NTA सोमार, 12 अगस्त के जारी कइलस ताकि उम्मीदवार समय रहते आपन एग्जाम-डे ट्रैवल प्लान बना सकत रहे लो। हालांकि, आवंटित परीक्षा शहर में कवना केंद्र पs टेस्ट देवे के बा, एकर जानकारी उम्मीदवारन के प्रवेश पत्र के माध्यम से दिहल जाई। पूर्व परीक्षन के पैटर्न के अनुसार उम्मीदवारन के एडमिट कार्ड परीक्षा के तिथि से 2-3 दिन पहिले जारी कइल जाई।

930100cookie-checkUGC NET: एह विषयन खातिर बदल गइल राष्ट्रीय पात्रता परीक्षा के तारीख, NTA जारी कइलस नया शेड्यूल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.