Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

SC केजरीवाल के जमानत अर्जी ठुकरा दिहलस, CBI के नोटिस जारी, 23 अगस्त के होई सुनवाई

271
Google Ads 300*250 for posts

 

 

दिल्ली शराब घोटाला मामला के आरोपी मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के सीबीआई मामला में दायर जमानत याचिका पs सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई शुरू भईल अवुरी जस्टिस सूर्य कांत अवुरी जस्टिस उज्जवल भुइयां के पीठ एs मामला में अंतरिम जमानत देवे से इनकार कs देले बिया फिलहाल अवुरी सीबीआई के नोटिस जारी कईले। बता दीं कि केजरीवाल सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कs के जमानत के संगे गिरफ्तारी के चुनौती देले बाड़े।

केजरीवाल के जमानत याचिका पs अब 23 अगस्त के सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई होई। सीबीआई के 23 अगस्त ले जवाब देवे के होई। सिंघवी स्वास्थ्य कारण बतावत तुरंत अंतरिम जमानत के मांग कईले रहले, जवना के सुप्रीम कोर्ट ठुकरा देलस अवुरी अंतरिम जमानत के मांग के खारिज कs देलस।

सिंघवी कहले रहले कि हम अंतरिम जमानत दाखिल कईले बानी, स्वास्थ्य के मुद्दा बा। हम कहले बानी कि केजरीवाल के अंतरिम जमानत दिहल जाव. ईडी मामिला में निचला अदालत नियमित जमानत दे दिहले बिया बाकिर हाईकोर्ट ओकरा पs रोक लगा दिहले बा.  ईडी मामिला में सुप्रीम कोर्ट खुद अंतरिम जमानत दे दिहले बा.  केजरीवाल के ओर से अधिवक्ता अभिषेक मनु सिंघवी तर्क पेश कईले।

 

 

 

930040cookie-checkSC केजरीवाल के जमानत अर्जी ठुकरा दिहलस, CBI के नोटिस जारी, 23 अगस्त के होई सुनवाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.