Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से उधना जाये वाली ट्रेन रद्द: अब एकरा के गाजीपुर-उधना विशेष ट्रेन के नाम से चलावल जाई

102
Google Ads 300*250 for posts

रेलवे प्रशासन के ओर से पहिले 09061/09062 उधना-छपरा-उधना विशेष गाड़ी चलावल जाये के सूचना जारी कइल गइल रहे, जवना के निरस्त कs दिहल गइल बा। रेलवे प्रशासन के और से ट्रेन संख्या 09061/09062 उधना-गाजीपुर सिटी-उधना अनारक्षित विशेष गाड़ी के नाम से संचालित कइल जा रहल बा, जवन 14, 21, 28 अगस्त, 2024 आ गाजीपुर सिटी से 9, 16, 23, 30 अगस्त, 2024 के चार फेरन खातिर चलावल जाई। छपरा के यात्री रनिंग थ्रू ट्रेन के यात्रा कs सकत बा लो। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी पत्र जारी करत देले बाड़ें।

अब ई गाड़ी उधना-गाजीपुर सिटी के बीच चली। जवना के परिणाम स्वरूप 09061/09062 उधना-गाजीपुर सिटी अनारक्षित विशेष गाड़ी 14, 21, 28 अगस्त, 2024 के उधना से 22:00 बजे प्रस्थान कs के सायन से 22:37 बजे, भरूच से 23:12 बजे, दूसरका दिन वडोदरा से 00:40 बजे, गोधरा से 01:55 बजे, रतलाम से 05:10 बजे, नागदा से 05:52 बजे, कोटा से 09:40 बजे, सवाई माधोपुर से 11:07 बजे, गंगापुर सिटी से 12:22 बजे, बयाना से 14:52 बजे, आगरा फोर्ट से 17:00 बजे, टुण्डला से 17:32 बजे, इटावा से 18:22 बजे, गोविन्दनगर से 21:05 बजे, तीसरका दिन प्रयागराज जं से 01:40 बजे आ बनारस से 03:55 बजे छूटके गाजीपुर सिटी से 06:30 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में, 09062 गाजीपुर सिटी-उधना अनारक्षित विशेष गाड़ी 09, 16, 23, 30 अगस्त, 2024 के गाजीपुर सिटी से 09:30 बजे प्रस्थान कs के बनारस से 11:52 बजे, प्रयागराज जं. से 14:20 बजे, गोविन्दनगर से 18:35 बजे, इटावा से 21:42 बजे, टुण्डला से 22:37 बजे, आगरा फोर्ट से 23:20 बजे, दूसरका दिन बयाना से 01:22 बजे, गंगापुर सिटी से 02:55 बजे, सवाई माधोपुर से 04:07 बजे, कोटा से 05:30 बजे, नागदा से 09:55 बजे, रतलाम से 10:40 बजे, गोधरा से 13:35 बजे, वडोदरा से 15:30 बजे, भरूच से 16:22 बजे आ सायन से 16:57 बजे छूटके उधना 18:00 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में सामान्य द्वितीय श्रेणी के 16, साधारण द्वितीय श्रेणी कुर्सीयान के दु और एस.एल.आर./डी. के दु कोचन सहित कुल 20 कोच लगावल जाई।

922810cookie-checkछपरा से उधना जाये वाली ट्रेन रद्द: अब एकरा के गाजीपुर-उधना विशेष ट्रेन के नाम से चलावल जाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.