[the_ad_group id="30365"]

छठ पूजा के तैयारी में जुटल जिला प्रशासन: नदी के किनारे गोताखोर के होई तैनाती, लाइटनिंग लगावे आ साफ-सफाई करे के देलस आदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छठ पूजा के लेके सीवान जिला प्रशासन तइयारी में जुट चुकल बा। विधि व्यवस्था बनाए रखे आ छठ घाट पs कवनो अनहोनी घटना घटे एकरा खातिर जिला अधिकारी संबधित अधिकारी के निरदेस देले बा।

जिला अधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता सब प्रखंड विकास पदाधिकारी आ अंचल अधिकारी के संवेदनशील आ अति संवेदनशील छठ घाटन के चिह्नित करत आवश्यक तइयारी करे के निरदेस देले बा। संगही पर्याप्त लाइटिंग के बेवस्था करे, नदियन आ तालाबन में जल के गहराई के देखत सूचना के प्रदर्शन करे, बैरिकेडिंग करे आ छठ घाटन के समुचित तरीका से साफ-सफाई करावे के निरदेस जिला पदाधिकारी सीवान देलें।

एही तरे रेलवे लाइन के किनारे अवस्थित छठ घाटन के पर्याप्त सुरक्षा बेवस्था दुरुस्त करे के निरदेस दिहल गइल। जिला में नदी के किनारे वाला प्रखंड गुठनी, दरौली आ सीवान के प्रखंड विकास पदाधिकारियन आ अंचलाधिकारियन के पर्याप्त संख्या में सब छठ घाट पs गोताखोरन के बेवस्था करे आ स्थानीय नाव संचालन के प्रबंध करे के निरदेस दिहल गइल बा।

पुलिस अधीक्षक सीवान के ओर से असामाजिक तत्वन से निपटे खातिर पर्याप्त संख्या में पुलिसबलन के तैनाती करे, पेट्रोलिंग करे पs जोर दिहल गइल। संबंधित क्षेत्रन में यातायात बेवस्था सुगम आ सरल बनावे खातिर आवश्यक निरदेस दिहल गइल बा।

ओइसही छठ घाट जहवां अधिक संख्या में भीड़ होखे के संभावना बा, उहां पs माइकिंग के बेवस्था करे, छठ घाट आ ओकरा आसपास भिड़ वाला स्थानन पs पटाखा फोड़ला आदि पs प्रतिबंध लगावे के निरदेस दिहल गइल बा। संगही विधि बेवस्था संधारण करे में स्थानीय लोगन से समन्वय स्थापित करे के निरदेस दिहल गइल। एकरा के लेके सीवान के जिला पदाधिकारी खुद कइयन छठ घाटन के निरीक्षण कs रहल बा।  सब घाटन के साफ-सफाई करावे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]