Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बेटा के चाहत में माई दुधमुंही लइकी के रेत दिहलस गटई, पुलिस के लगे पहुंचल बाप

200
Google Ads 300*250 for posts

 

नई दिल्ली : राजधानी दिल्ली में दिल दहला देवे वाली घटना सोझा आईल बा। असल में इहाँ बाहरी दिल्ली के मुंडका इलाका में एगो महिला अपना बेटी के गला काट के हत्या कs देलस। अचरज के बात ई बा कि लइकी अबहीं दूध पियत नवजात रहे। घटना के बाद जब लईकी के पिता के एs बारे में पता चलल तs उs पुलिस के लगे गईल। पिता घटना के बारे में पुलिस के जानकारी देले। एकरा बाद पुलिस मौका पs पहुंच के महिला के गिरफ्तार कs लेलस। महिला पुलिस के बतवली कि उनुका बेटी ना चाही, एहसे उs शिशु लईकी के हत्या कs देली।

बाप पुलिस में शिकायत कईलस

घटना के बारे में तब सोझा आईल जब गोविंदा नाम के आदमी स्थानीय थाना के एकरा बारे में जानकारी देले। उs आदमी पुलिस के बतवले कि उनुकर पत्नी ओ लोग के बेटी के गला रेत देले बिया। पुलिस उपायुक्त (बाहरी) जिमी चिराम बतवले कि मुंडका के टिकरी के बाबा हरिदास कालोनी में दंपति के घर में टीम भेजल गईल। टीम के दुसरका मंजिल के एगो कमरा में नवजात लईकी मरल मिलल, जबकि ओकर महतारी दोसरा कमरा में रहली। चिराम एगो बयान जारी कs कहले कि, पूछताछ के दौरान महिला खुलासा कईली कि उनुका बेटी ना चाही अवुरी एहीसे उs ओकर हत्या कs देली।

अधिकारी बतवले कि पुलिस अपराध में इस्तेमाल भईल चाकू बरामद कs लेले बिया। एकरा अलावे महिला के खिलाफ भारतीय न्याय संहिता (बीएनएस) के धारा 103(1) के तहत मामला दर्ज भईल बा अवुरी ओकरा के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। पुलिस के कहनाम बा कि कानूनी कार्रवाई के बाद महिला के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गईल। चिराम बतवले कि महिला के पति हरियाणा के बहादुरगढ़ में स्थित जूता फैक्ट्री में मजदूर के काम करेले। उs बतवले कि एs जोड़ी के करीब दु साल के एगो बेटा भी बा।

 

 

 

 

 

 

910330cookie-checkबेटा के चाहत में माई दुधमुंही लइकी के रेत दिहलस गटई, पुलिस के लगे पहुंचल बाप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.