दिल्ली-NCR के कई गो स्कूल में बम के धमकी के बाद पुलिस अलर्ट, विदेश से कइल गइल ई-मेल

By Anurag Ranjan

Published on: May 1, 2024

  देश के राजधानी दिल्ली द्वारका में स्थित डीपीएस स्कूल में सबेरे-सबेरे बम के खबर से सभके झकझोर दिहलस। दिल्ली पुलिस, बम निरोधक दस्ता अवुरी फायर ब्रिगेड मउका पs पहुंच के तलाशी अभियान शुरू कs

Share

 

देश के राजधानी दिल्ली द्वारका में स्थित डीपीएस स्कूल में सबेरे-सबेरे बम के खबर से सभके झकझोर दिहलस। दिल्ली पुलिस, बम निरोधक दस्ता अवुरी फायर ब्रिगेड मउका पs पहुंच के तलाशी अभियान शुरू कs देले। एकरा बाद आजु सबेरे पूर्वी दिल्ली के मयूर विहार के मदर मैरी स्कूल में बम के धमकी के लेके ईमेल आईल। पुलिस के कहनाम बा कि स्कूल के खाली करावे के काम कईल जाता अवुरी स्कूल परिसर के पूरा तरीका से जांच कईल जाता। दक्षिण दिल्ली के एमिटी स्कूल आ नई दिल्ली के संस्कृति स्कूल में भी बम के खबर मिलल बा।

पुलिस अवुरी साइबर सेल जांच में लागल

दिल्ली पुलिस के मुताबिक धमकी देवे वाला ईमेल के आईपी एड्रेस के पता लगावे के कोशिश कईल जाता। अबे ले इs पता लगावल संभव नईखे कि ईमेल के भेजले बा अवुरी कहां से भेजले बा। पुलिस के कहनाम बा कि चूंकि एसओपी के प्रक्रिया चलता एहसे पहिले क्लीन चिट देवे के चाही। अबहीं ले कतहीं कवनो संदिग्ध बात नइखे मिलल. एतना बड़ पैमाना पs सभ स्कूल के मेल भईल बा, एहसे इs समझल मुश्किल बा कि इs बदमाशी ह कि दहशत फैलावे खातीर । साइबर सेल यूनिट के ओर से ईमेल अवुरी आईपी एड्रेस के जानकारी भी पता लगावे के कोशिश कईल जाता।

पुरा एनसीआर के स्कूल में दहशत

अबे ले दिल्ली के 10 स्कूल से फोन आईल बा। दिल्ली के द्वारका से 5 अलग अलग स्कूल में बम के धमकी, वसंत कुंज से 2 स्कूल में बम के धमकी, नजफगढ़ से 1 स्कूल में बम के धमकी, पुष्प विहार से 1 स्कूल में बम के धमकी, मयूर विहार से 1 स्कूल में बम के धमकी। एकरा अलावे नोएडा के बहुत स्कूल में ईमेल आवे के खबर भी सोझा आईल बा। एहतियात के तौर पs दिल्ली एनसीआर के सभ स्कूल जहां धमकी के ईमेल आईल बा, ओकरा के बंद कs के बच्चा के वापस भेज दिहल गईल बा। एसओपी के पालन कईल जा रहल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.