[the_ad_group id="30365"]

एयर इंडिया के फ्लाइट में बम के धमकी से मचल हड़कंप, तिरुवनंतपुरम एयरपोर्ट पs सुरक्षित उतारल गइल विमान, जांच जारी

एयर इंडिया के फ्लाइट के मिलल बम से उड़ावे के धमकी: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुंबई से तिरुवनंतपुरम जाए वाली फ्लाइट में बम के धमकी के बाद सभ यात्री के आइसोलेशन बे में ले जाके निकाल दिहल गईल। विमान में बम के धमकी सबेरे साढ़े सात बजे फोन के माध्यम से दिहल गईल। छह मिनट के बाद पूरा एयरपोर्ट में इमरजेंसी के घोषणा हो गईल। विमान सुरक्षित उतरल आ ओकरा के आइसोलेशन बे में ले जाइल गइल. एकरा बाद सभ यात्री के बाहर निकाल के विमान के जांच कईल गईल, जवना में कुछूओ ना मिलल। एह दौरान केहू के कवनो चोट ना लागल. हवाई अड्डा पs सभ सेवा पहिले निहन सामान्य रूप से चलता।

हवाई अड्डा प्रबंधन के मानल ​​बा कि ई एगो धोखाधड़ी हs, बाकिर सगरी सुरक्षा प्रोटोकॉल के पालन कइल जा रहल बा. विमान के आइसोलेशन बे में ले जाके सुरक्षा जांच करावल गईल अवुरी सभ यात्री के सुरक्षित उतारल गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]