[the_ad_group id="30365"]

UP News: छात्रा के अश्लील वीडियो भइल वायरल, प्रधानाध्यापक समेत दू गो शिक्षक निलंबित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज जिला के एगो कम्पोजिल स्कूल में पढ़त एगो छात्रा के अश्लील वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल। अब प्रभारी हेडमास्टर दिनेश कुमार आ सहायक शिक्षक सागर सिंह के वीडियो बनावे आ प्रसारण का चलते निलंबित कऽ दिहल गइल बा। साथही निर्देश जारी कइल गइल बा कि 15 दिन का भीतर ओह लोग के आपन पक्ष पेश करे के पड़ी।

कम्पोजिल स्कूल नया के पुरा में पढ़त आठवीं कक्षा के छात्रा के अश्लील वीडियो बनावे आ प्रसारित करे का आरोप में प्रभारी हेडमास्टर दिनेश कुमार आ सहायक शिक्षक सागर सिंह के निलंबित कर दिहल गइल बा। दुनों जने के 15 दिन में मामला के जांच करेवाला प्रखंड शिक्षा अधिकारी सोरांव के सोझा आपन पक्ष पेश करे के होई।

आरोप रहे कि सहायक शिक्षक सागर सिंह सरयमरेज थाना क्षेत्र के कम्पोजिल स्कूल नया का पुरा के छात्रा के संगे अश्लील काम कइले। छात्रा जब इ बात अपना परिवार के लोग के बतवली तऽ प्रखंड शिक्षा अधिकारी प्रतापपुर समेत उच्च अधिकारी के शिकायत भइल। बतावल जाता कि प्रभारी हेडमास्टर दिनेश कुमार छात्रा के घरे जाके उनुका संगे भइल बतकही के वीडियो बना के सर्कुलर कऽ देले। एकरा चलते मामला चर्चा में आ गइल।

इहाँ उक्त मामला में प्रभारी हेडमास्टर के कहनाम बा कि उऽ जवन वीडियो बनवले रहले उहो शिक्षक पs दबाव बनावे खातिर रहे। सागर सिंह छात्रा के घरे जाके ओकर बयान वीडियो में रिकॉर्ड क के प्रसारण कइले।

दूसर ओर सागर सिंह इहो कहले कि पूरा घटना के पीछे आपसी विवाद बा। बीएसए प्रवीण कुमार तिवारी के कहनाम बा कि शिक्षकन के बीच आपसी मतभेद का चलते घटना बढ़ गइल बाम जवना से विभाग के छवि कलंकित हो गइल बा। अब मामला के जांच प्रखंड शिक्षा अधिकारी सोरांव के सौंपल गइल बा। जांच में पूरा इस्थिति साफ हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]