[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: पीपीगंज में एक्के रात में पांच घर में चोरी, घर में सूतल रहे लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के पीपीगंज थाना क्षेत्र पलिया अउर बगल के गांव जिंदापुर में पांच घर में सोमार के रात चोरी हो गइल। घरवाले अंदर सूतल रहलें अउर चोर आराम से ग्रील काट के सामान समेट ले गइलें। पुलिस मामिला के जांच क रहल बा।

जानकारी के मुताबिक, पलिया गांव के राकेश के घर में घुसल चोर जेवर अउर 70 हजार रुपया चुरा ले गइलें। बगल के अंगूर यादव, बिंद्रेश कुमार यादव अउर सत्यपाल यादव के घर से भी आभूषण अउर नकदी चोर उठा ले गइल बानें।

एही रात में जिंदापुर गांव के लहगीबारी टोला निवासी रमाकांत के घर से भी चोर जेवरात, नकदी, सामान उठा ले गइलें। सबके मंगर सुबह चोरी के जानकारी भइल जेकरे बाद पुलिस के सूचना देहल गइल। प्रभारी निरीक्षक शिवशंकर चौबे बतवलें कि जल्दिए चोरन के पकड़ लिहल जाई।

खोराबार में कुंडी काट के चोरी

खोराबार इलाका के सिक्टौर के करमहिया टोला निवासी विशाल सिंह के बंद मकान के कुंडी काट के चोर जेवरात अउर नकदी चुरा ले गइलें। जानकारी के मुताबिक, विशाल सिंह माई अउर छोटी बहिन के लेके अपने गांव देवरिया के जोगन गइल रहनें। मंगर के सुबह लौटलें त चोरी के जानकारी भइल। पुलिस जांच कs रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]