Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

28 जुलाई : देश दुनिया के इतिहास में महत्वपूर्ण घटना के जानीं

347
Google Ads 300*250 for posts

सर विलियम जेम्स हर्शेल सबसे पहिले एकर खोज कइलें आ फिंगर प्रिंट के हस्ताक्षर से बेहतर पहचान के साधन बतवलें। हर्शेल के जनम 28 जुलाई के भइल रहे हमनी के सब केहू जानत बानी सs कि हर इंसान के चेहरा दोसरा से अलग होला, बाकी केहू के पता ना रहे कि हर आदमी के हाथ पर अँगुरी के रेखा भी अलग होला। सर विलियम जेम्स हर्शेल सबसे पहिले एकर खोज कइलें आ अंगुरी के निशान के हस्ताक्षर से बेहतर पहचान के साधन बतवलें। हरशेल के जनम 28 जुलाई के भइल रहे। हाथ से लिखल शब्दन के नकल केहू कर सकेला बाकिर हर आदमी के अंगुरी के निशान अलग अलग होला आ केहू ओकर नकल ना कर सके। इहे कारण बा कि आज एकर इस्तेमाल पहचान के सबसे ताकतवर माध्यम के रूप में कइल जाता।

देश आ दुनिया के इतिहास में 28 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

 

  •  1586 : इंग्लैंड से लवटत घरी सर थॉमस हेरिओट यूरोप के आलू के बारे में बतवले।
  •  1741 : कैप्टन बेरिंग के अलास्का के माउंट सेंट एलियास के खोज भइल।
  •  1742 : प्रशिया आ आस्ट्रिया शांति संधि पर हस्ताक्षर कइलें।
  •  1821 : पेरू स्पेन से आजादी के एलान कइलस।
  •  1858 : सर विलियम जेम्स हर्शेल के जनम भइल जे अंगुरी के निशान के पहचान के बेहतर तरीका बतवलें।
  •  1866 : अमेरिका में माप के मीट्रिक सिस्टम के कानूनी मान्यता मिलल।
  •  1914: पहिला बिस्व जुद्ध के सुरुआत भइल।
  •  1914: एस.एस.के स्थापना भइल। कोमागाटा मारू के वैंकूवर में डिकमिशन क के भारत खातिर उड़ान भर दिहल गईल|
  •  1925 : बारुच ब्लमबर्ग के जनम, जे हेपेटाइटिस के टीका के खोज कइलें। विश्व हेपेटाइटिस दिवस 28 जुलाई के मनावल जाला।
  •  1976 : चीन में रिक्टर पैमाना पर 8.3 तीव्रता वाला भूकंप का चलते लाखों लोग के मौत हो गइल।
  •  1979 : चरण सिंह देश के पांचवा प्रधानमंत्री बने।
  •  1995 : वियतनाम आसियान के सदस्य बनल।
  •  2001 : पाकिस्तान के विदेश मंत्री रहल मोहम्मद सिद्दीकी खान कांजू के हत्या।
  •  2005: सौरमंडल के दसवाँ ग्रह के खोज के दावा।
  •  2005 : आयरिश रिपब्लिकन आर्मी (आईआरए) आपन सशस्त्र संघर्ष रोके के एलान कइलस आ आपन अभियान लोकतांत्रिक तरीका से चलावे के बात कइलस।
909330cookie-check28 जुलाई : देश दुनिया के इतिहास में महत्वपूर्ण घटना के जानीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.