डीडीयू में बीटेक के खाली सीटन खातिर होई काउंसलिंग: MS- BCA के नया कोर्स में 19 से एडमिशन, फार्मेसी कोर्स में 22 के होई एंट्रेंस एग्जाम

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 16, 2024

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में B.Tech के खाली सीटन के भरे खातिर 18 सितंबर के स्पॉट काउंसलिंग आयोजित कइल जाई। एह काउंसलिंग खातिर रजिस्ट्रेशन विश्वविद्यालय के प्रवेश पोर्टल (प्रवेश खातिर लिंक) पs कइल जा

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में B.Tech के खाली सीटन के भरे खातिर 18 सितंबर के स्पॉट काउंसलिंग आयोजित कइल जाई। एह काउंसलिंग खातिर रजिस्ट्रेशन विश्वविद्यालय के प्रवेश पोर्टल (प्रवेश खातिर लिंक) पs कइल जा सकत बा।

इंस्टिट्यूट ऑफ इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी के डायरेक्टर, प्रो. उमेश यादव के ओर से जारी नोटिफिकेशन के अनुसार, एह स्पॉट काउंसलिंग के माध्यम से पहिला साल में CSE, IT, ECE आ ME के खाली सीटन के अलावे दूसरका साल में लेटरल एंट्री के माध्यम से भरल जाये वाला सीटन पs प्रवेश मिली।

इहो पढ़ीं….गोरखपुर में दु दिन तक रही ट्रैफिक डायवर्जन: गणेश प्रतिमा के विसर्जन के लेके बदलाव

प्रो. यादव बताया कि प्रवेश प्रकिया विश्वविद्यालय के एंट्रेंस एग्जाम, JEE Main आ CUET के स्कोर के आधार पs मेरिट से होई, जवना खातिर ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन अनिवार्य बा।

MS आ BCA के नया कोर्स में प्रवेश 19 से सुरू

एह साल से सुरू भइल MS (Artificial Intelligence), BCA (Machine Learning & Data Science) आ BCA (Internet of Things) कोर्सेज में 19 आ 20 सितंबर के विश्वविद्यालय परिसर इस्थित इंस्टीट्यूट ऑफ इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी में होई।

इहो पढ़ीं: कवनो नया जिला नइखे बन रहल, ना एकर कवनो औचित्य बा : फतेहबहादुर सिंह

स्पॉट काउंसलिंग से जुड़ल पूरा जानकारी प्रवेश पोर्टल पs उपलब्ध बा। बाकी डिटेल्स इंस्टिट्यूट ऑफ इंजीनियरिंग एंड टेक्नोलॉजी के ऑफिस से प्राप्त कइल जा सकत बा।

फार्मेसी कोर्स के एंट्रेंस एग्जाम 22 सितंबर के, आज से डाउनलोड होई एडमिट कार्ड

विश्वविद्यालय में एह साल से सुरू भइल B.Pharm आ D.Pharm कोर्से में प्रवेश खातिर 22 सितंबर के प्रवेश परीक्षा आयोजित होई।

Gorakhpur News: जमीनी विवाद में हथौड़ा से मारके माथा फोड़लस- दबंग के रिश्तेदार देखावत रहे पिस्टल- वीडियो वायरल

एडमिशन सेल के डायरेक्टर, प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा बतवलें कि कैंडिडेट्स आपन एडमिट कार्ड सोमार से एडमिशन पोर्टल से डाउनलोड कs सकी लो। परीक्षा दु शिफ्ट में विश्वविद्यालय परिषर में आयोजित कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.