क्रिकेट IND vs PAK: भारत पाकिस्तान के पांच विकेट से हरवलें, जीतलस WCL 2024 के खिताब, फाइनल में रायडू जड़लें पचासा By khabar Bhojpuri Desk On Jul 14, 2024 1,267 Share विश्व चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स 2024 के फाइनल मुकाबला में इंडिया चैंपियंस पाकिस्तान चैंपियंस के पांच विकेट से हरा देलस। एही के संगे भारत एह टूर्नामेंट के पहिला खिताब अपना नामे कs लेलस। ग्रुप स्टेज में भारत के दु मैचन में जीत आ तीन में हार मिलल रहे। हालांकि, बेहतर नेट रनरेट के वजह से युवराज सिंह के टीम फाइनल खातिर क्वालिफाई कs लेलस। टीम अंक तालिका में चउथा स्थान पs रहल। ओहिजा, पाकिस्तान के ग्रुप स्टेज पs चार मैचन में जीत आ एगो में हार के सामना करे के पड़ल रहे। बर्मिंघम में खेलल गइल एह मुकाबला में टॉस जीतके पाकिस्तान टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलस। पाकिस्तान शोएब मलिक के 41 रन के तूफानी पारी के बदौलत 20 ओवर में छबव विकेट पs 156 रन बनवलस। जवाब में भारत अंबाती रायडू के अर्धशतक के बदौलत 19.1 ओवर में पांच विकेट पs 159 रन बनवलस आ पांच विकेट आउर पांच गेना शेष रहते मुकाबला जीत लेलस। भारत के पारी 157 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल भारतीय टीम के दमदार सुरुआत भइल। रॉबिन उथप्पा आ अंबाती रायडू के बीच पहिला विकेट खातिर 34 रन के साझेदारी भइल, जवना के आमिर तुड़लें। ऊ उथप्पा के आपन शिकार बनवलें। ऊ खाली 10 रन बना सकलें। एकरा बाद तीसरका नंबर पs बल्लेबाजी खातिर आइल सुरेश रैना कुछ खास कमाल ना देखा पवलें आ चार रन बनाके पवेलियन लवट गइलें। एकरा बाद मोर्चा गुरकीरत सिंह मान संभरलें। ऊ रायडू के संगे तीसरका विकेट खातिर 25 रन के साझेदारी कइलें। रायडू एह मुकाबला में अर्धशतक लगावे में कामयाब भइलें। ऊ 166.66 के स्ट्राइक रेट से पांच चौका आ दुगो छक्का लगवलें। ओहिजा, मान दुगो चौका आ एक छक्का के मदद से 34 रन के पारी खेलके आउट भइलें। एह मुकाबला में यूसुफ पठान ने 30 रन बनवलें। ओहिजा, युवराज 15 आ इरफान पांच रन बनाके नाबाद रहलें। पाकिस्तान खातिर आमिर दु विकेट चटकवलें। जबकि सईद अजमल, वहाब रियाज आ शोएब मलिक के एक-एक विकेट मिलल। पाकिस्तान के पारी पाकिस्तान के टीम टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल। ओकर सुरुआत धीमा भइल। कामरान अकमल आ शरजील खान बीच पहिला विकेट खातिर 14 रन के साझेदारी भइल। जवना के अनुरीत सिंह तुड़लें। ऊ शरजील के राहुल शुक्ला के हाथन कैच करावलें। ऊ खाली 12 रन बना सकलें। एकरा बाद मोर्चा कामरान आ सोहेब मकसूद संभारल लो। दूसरका विकेट खातिर दुनो के बीच 30 रन के साझेदारी भइल। मकसूद 12 गेना में 21 रन बनाके पवेलियन लवटलें। ओहिजा, अकमल चार चौका के मदद से 24 रन बनाके आउट भइलें। एह मुकाबला में पाकिस्तान के शोएब मलिक सबसे बड़ पारी खेलले। ऊ 36 गेना के सामना कइलें आ तीन छक्का के मदद से 41 रन बनवलें। एह मैच में युनिस खान सात, मिस्बाह-उल-हक 18, आमिर यामीन सात रन बनावल लो। ओहिजा, शाहिद अफरीदी आ सोहेल तनवीर क्रमश: चार आ 19 रन बनाले नाबाद रहल लो। भारत खातिर अनुरीत सिंह तीन विकेट चटकवलें। जबकि विनय कुमार, पवन नेगी आ इरफान पठान के एक-एक सफलता मिलल। दुनो टीमन के प्लेइंग 11 एह तरे रहे भारत चैंपियन: रॉबिन उथप्पा (विकेटकीपर), अंबाती रायडू, सुरेश रैना, युवराज सिंह (कप्तान), यूसुफ पठान, इरफान पठान, पवन नेगी, विनय कुमार, हरभजन सिंह, राहुल शुक्ला, अनुरीत सिंह। पाकिस्तान चैंपियन: कामरान अकमल (विकेटकीपर), शरजील खान, सोहैब मकसूद, शोएब मलिक, यूनिस खान (कप्तान), शाहिद अफरीदी, मिस्बाह-उल-हक, आमिर यामीन, सोहेल तनवीर, वहाब रियाज, सोहेल खान। Like224 Dislike28 8945500cookie-checkIND vs PAK: भारत पाकिस्तान के पांच विकेट से हरवलें, जीतलस WCL 2024 के खिताब, फाइनल में रायडू जड़लें पचासाno Please leave this field emptyईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं। Email Address * Check your inbox or spam folder to confirm your subscription. व्हाट्सएप्प पर रेगुलर न्यूज़ अपडेट्स पाने के लिए हमारे व्हाट्सएप्प ग्रुप को ज्वाइन करें। Join Whatsapp Group ind vs pakIndia beats PakistanIndia becomes ChampionWCL FinalWorld Championship of Legends 1,267 Share WhatsappFacebookFacebook MessengerTwitterLinkedinTelegram
Comments are closed.