[the_ad_group id="30365"]

Joe Root टेस्ट में हासिल कइले बड़ कीर्तिमान, एक झटका में तुड़लें सचिन-सहवाग के वर्ल्ड रिकॉर्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Joe Root Test Cricket: इंग्लैंड टीम के स्टार बैटर जो रूट, जे अतवार (8 सितंबर) के ICC टेस्ट बल्लेबाजन के रैंकिंग में पहिला स्थान पs बाड़ें। जो रूट श्रीलंका के खिलाफ खेलल गइल तीसरका टेस्ट मैच में 13 रन बनवला के संगही बड़ मुकाम हासिल कइलें।

पूर्व श्रीलंकाई कप्तान कुमार संगकारा के पछाड़के जो रूट टेस्ट क्रिकेट में छठा सबसे जादे रन बनावे वाला खिलाड़ी के जगह हासिल कइलें। 33 साल के रूट, जे हाल में सानदार फॉर्म में बाड़ें, ऊ महज 13 रन बनावते महान क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर आ पूर्व भारतीय क्रिकेटर वीरेंद्र सहवाग के रिकॉर्ड तुड़ देलें।

Joe Root Sachin Tendulkar के तुड़लें रिकॉर्ड

दरअसल, इंग्लैंड टीम के बैटर जो रूट श्रीलंका के खिलाफ टेस्ट सीरीज में कमाल के प्रदर्शन कइलें। ऊ 6 पारियन में कुल 375 रन बनवलें, जेमे दुगो शतक आ एगो अर्धशतक सामिल बा। एह वजह से उनका के प्लेयर ऑफ द सीरीज से नवाजल गइल।

इंग्लैंड खातिर जो रूट के टेस्ट में छठा बेर प्लेयर ऑफ द सीरीज के अवॉर्ड मिलल, जवन कि इंग्लैंड खातिर सबसे जादे बा। एह दौरान ऊ महान क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर आ वीरेंद्र सहवाग के पछाड़ देलें, जे टेस्ट क्रिकेट में पांच बेर प्लेयर ऑफ द सीरीज अपना नामे कइले रहस।

टेस्ट में मुथैया मुरलीधरन सबसे जादे 11 बार प्लेयर ऑफ द सीरीज अवॉर्ड जीतले बाड़ें। दूसरका नंबर पs भारत के रविचंद्रन अश्विन मौजूद बाड़ें, जे 10 बेर ई अवॉर्ड जीतले बाड़ें।

टेस्ट क्रिकेट में सबसे जादे प्लेयर ऑफ द सीरीज अवॉर्ड जीते वाला इंग्लिश प्लेयर्स

  • जो रूट- 6 बार
  • एंड्रयू स्ट्रॉस- 5 बार
  • ग्राहम गूच- 5 बार
  • जेम्स एंडरसन- 5 बार

टेस्ट क्रिकेट में सबसे जादे रन

  • सचिन तेंदुलकर (भारत) – 15,921 रन
  • रिकी पोंटिंग (ऑस्ट्रेलिया) – 13,378 रन
  • जैक्स कैलिस (दक्षिण अफ्रीका) – 13,289 रन
  • राहुल द्रविड़ (भारत) – 13,288 रन
  • अलस्टेयर कुक (इंग्लैंड) – 12,472 रन
  • जो रूट (इंग्लैंड) – 12,402 रन*
  • कुमार संगकारा (श्रीलंका) – 12,400 रन
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]