Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Tamil Nadu: BSP अध्यक्ष आर्मस्ट्रॉन्ग के हत्या के आरोपी पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल, जानीं पूरा ममिला

233
Google Ads 300*250 for posts

तमिलनाडु में बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के प्रदेश अध्यक्ष के आर्मस्ट्रॉन्ग के हत्या ममिला में नया पहलू सामने आइल बा। हत्या में सामिल एगो आरोपी बिहान देर सांझ चेन्नई में पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल।

पुलिस सूत्र बतावल लो कि तिरुवेंगदम (Thiruvengadam) के आर्मस्ट्रॉन्ग के हत्या में इस्तेमाल हथियार बरामद करे खातिर घटनास्थल पs ले जाइल गइल रहे तबे ऊ बरामद बंदूक से पुलिस अधिकारियन पs गोली चलावल सुरू कs देलस। एह पs पुलिस जवाबी कार्रवाई कइलस।

सूत्रन के कहनाम बा कि पुलिस के जवाबी गोलीबारी में आरोपी घायल हो गइल, जवना के अस्पताल ले जाइल गइल। उहां डॉक्टर लोग ओकरा के  ने मृत घोषित कs दिहल।

कब आ कहां भइल बसपा नेता के हत्या

एह हत्या ले वारदात के बारे में जानकारी देत पुलिस कमिश्नर बतवले रहस कि बसपा नेता आर्मस्ट्रॉन्ग के सुक के सांझ सवा सात बजे ओह समय हत्या कs दिहल गइल, जब ऊ इहां पेरंबूर में बन रहल अपना घर के ओर जात रहस। एह दौरान एह हमला में उनका संगे मवजूद चार लोग घायलो हो गइल। पुलिस कमिश्नर कहले रहस कि आर्मस्ट्रॉन्ग के उनकर समर्थक लोग स्थानीय अस्पताल पहुंचवले रहे आ बाद में उहां उनकर मौत हो गइल।

बदला खातिर कइल गइल बा हत्या?

पुलिस के संदेह ना कि पिछिला साल गैंगस्टर अर्कोट सुरेश के हत्या से ई मामला जुड़ल हो सकत बा। हो सकत बा कि सुरेश के हत्या के बदला लेवे खातिर आर्मस्ट्रॉन्ग के हत्या कइल गइल। उत्तरी चेन्नई के अतिरिक्त पुलिस आयुक्त (कानून आ बेवस्था) असरा गर्ग बतवले रहस, ‘हमनी के पूछताछ कs रहल बानी सs। अइसन लागत बा कि पहिले  में कइल गइल हत्या के कारण ई हत्या कइल गइल बा। हमनी के आठ लोगन के गिरफ्तार कइले बानी सs। ओकनी के सात खून से सनल हथियार, एगो जोमैटो टी-शर्ट, एगो जोमैटो बैग आ तीन गो बाइक जब्त बा, जवना के अपराध करे में इस्तेमाल कइल गइल रहे।’

एसीपी गर्ग कहले रहस, ‘चेन्नई पुलिस के ओर से गठित विशेष टीम तीन गो आउर संदिग्धन के पकड़ल गइल बा। अब तक के जांच से पता चलत बा कि अगस्त 2023 में आर्कोट सुरेश के एगो गिरोह हत्या कs देले रहे। सुरेश के परिवार आ सहजोगियन के माने के बा कि ई आर्मस्ट्रॉन्ग के निरदेस पs भा उनकर रचल साजिश के तहत कइल गइल रहे। आर्मस्ट्रॉन्ग के हत्या आर्कोट सुरेश के सहजोगी लोग कइले रहे। एह पूरा ममिला में सुरेश के भाईयो सामिल रहे, जेकरा के हमनी के गिरफ्तार कs लेनी सs। चेन्नई पुलिस ममिला के व्यापक जांच खातिर विशेष टीमन के गठन कइल गइल बा।’

एकरा पहिले सनीचर के ग्रेटर चेन्नई के पुलिस आयुक्त संदीप राय राठौर बसपा नेता के हत्या के ममिला में कवनो राजनीतिक पहलू से इनकार कइले रहस।

894510cookie-checkTamil Nadu: BSP अध्यक्ष आर्मस्ट्रॉन्ग के हत्या के आरोपी पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल, जानीं पूरा ममिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.