गोरखपुर में आपत्तिजनक वीडियो भेज तुड़ववलस बियाह, देलस धमकी- ‘तुs हमार ना भइलु तs केहू आउर के ना होखे देम’

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 14, 2024

शाहपुर इलाका के एगो जुवती के बियाह मनचला ओकर होखे वाला पति के आपत्तिजनक वीडियो आ फोटो देखाके तुड़वा देलस। एकरा बादो ऊ जुवती के धमकी दे रहल बा कि तुs हमार ना भइलू तs

Share

शाहपुर इलाका के एगो जुवती के बियाह मनचला ओकर होखे वाला पति के आपत्तिजनक वीडियो आ फोटो देखाके तुड़वा देलस। एकरा बादो ऊ जुवती के धमकी दे रहल बा कि तुs हमार ना भइलू तs केहू अउरियो के ना होखे देम। एसपी सिटी के आदेस पs सुक के रात शाहपुर पुलिस गुलरिहा इलाका के भटहट इस्थित चिलबिलवा निवासी इरशाद खान के खिलाफ केस दर्ज कs के जांच कs रहल बिया।

जानकारी के मोताबिक, शाहपुर इलाका के पीड़िता के पिता एसपी सिटी के प्रार्थनापत्र देके बतवलें कि भटहट के चिलबिलवा निवासी इरशाद खान के ओकरा मोहल्ला में ननिहाल बा।

ऊ कइयन बरिस से अपना नानी के घरे रहेला। एही वजह से ऊ जुवती के घरे आवत रहे आ उनका परिवार के सदस्यन से बातचीत करत रहे। एही दौरान जुवती के पिता बेटी के अप्रैल में रामगढ़ताल इलाका के एगो मोहल्ला में तय कs देलें।

आरोप बा कि बियाह के जानकारी होखतही इरशाद जुवती के होखे वाला पति के घरे पहुंच गइल आ एडिट कs के आपत्तिजनक वीडियो आउर फोटो देखाके बियाह तुड़वा देलस। एकरा बाद ऊ मुंबई फरार हो गइल आ उहां से फोन कs के जुवती के धमकी देवे लागल।

आरोप बा कि 14 जून के जुवती बहिन के संगे छत पs टहलत रहे। एह दौरान आरोपी जान मारे के नीयत से चाकू लेके पहुंच गइल। जुवती ओकरा के कवनो तरे पकड़ लेलस आ परिजनन के जानकारी देलें। परिजन छत पs पहुंचल लो तs आरोपी छत से कूदके फरार हो गइल। भागत घरी धमकियो देलस कि पुलिस के सूचना देला पs बाप-बेटी के हत्या कs देम।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.