iPhone खरीदे खातीर 18 साल के लइका कs दिहलस बुजुर्ग के हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 18, 2024

  यूपी के प्रयागराज से एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ एगो 18 साल के लईका अपना आईफोन खातीr एगो बुजुर्ग के हत्या कs देलस। सबूत के नष्ट करे खातीर उनुकर बिछौना भी

Share

iPhone खरीदे खातीर बुजुर्ग के हत्या; फोटो

 

यूपी के प्रयागराज से एगो हैरानी के मामला सामने आईल बा। इहाँ एगो 18 साल के लईका अपना आईफोन खातीr एगो बुजुर्ग के हत्या कs देलस। सबूत के नष्ट करे खातीर उनुकर बिछौना भी जरा दिहलस। हालांकि ई हत्यारा चतुराई से भागे के बहुते कोशिश कइलस बाकिर पुलिस के सोझा ओकर सगरी चाल फेल हो गइल.

पूरा मामिला का बा?

प्रयागराज के करेली पुलिस एगो 18 साल के हत्यारा के गिरफ्तार कs लेले बिया, जवन कि हत्या के बाद बहुत चतुराई से सबूत के नष्ट करे के कोशिश कईले बा जब एसीपी पुष्कर वर्मा अवुरी उनुकर टीम जांच कईलस तs हत्या के पूरा रहस्य सुलझ गईल अवुरी आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल।

पकड़ाइल लईका बुजुर्ग के बैंक में जमा पईसा खातीर इs हत्या कईले रहे अवुरी इs पईसा खर्च कईल ओकरा खिलाफ सबूत बन गईल अवुरी उs पकड़ा गईल। हत्या के बाद शातिर हत्यारा मरेवाला के बिछौना में आग लगा देले रहे अवुरी बिजली के तार के अयीसन जरा देले रहे कि पुलिस के लागे लागल कि मौत करंट के झटका से भईल बा।

शुरुआती जांच में पुलिस के भी इहे लागल बाकिर जब आईपीएस के एगो अधिकारी बारीकी से जांच कईलस तs एs हत्या के राज अवुरी एकरा पीछे के कारन सोझा आईल।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.